सिनेमा भोजपुरी के सुपरहिट आ सुपरफिट जोड़ी निरहुआ-पाखी हालिया रिलीज फिलिम ‘रिक्शावाला आई लव यू’ से आपने पुरान रिकार्ड तूड़ दिहले बिया. ‘रिक्शावाला आई लव यू’ आनंद चित्रमंदिर, वाराणसी में पहिला हफ्ता में रू० 2,65,000/- के क्लेक्शन बटोरलसि जवन कि एही जोड़ी के फिलिम ‘निरहुआ मेल’ के 2,53,000/- रूपये के क्लेक्शन से अधिका रहल.
अब ई देखल दिलचस्प होखी कि एह रिकार्ड के आगे केहू तूड़ पावत बा कि ना आ कि फेरू निरहुआ-पाखी के जोड़िए एह रिकार्ड के तूड़ी.
(प्रशांत निशांत)