निरहुआ बनलन ऑटो ड्राईवर

by | Aug 31, 2011 | 0 comments

भोजपुरी फिल्मों के सुपरस्टार दिनेशलाल यादव फिल्म “निरहुआ मेल” में एगो ऑटो ड्राईवर का भूमिका में आइल बाड़े. “निरहुआ रिक्शावाला” में रिक्शावाला के शानदार भूमिका निभा चुकल निरहुआ “निरहुआ मेल” में ऑटो चालकन के दर्द आ समस्या के बड़का परदा पर पेश करीहे. श्री प्रियंका पिक्चर्स के बैनर तले बनत एह फिल्म में निरहुआ के कंपलीट एक्शन अवतारो देखे के मिली. एहमें निरहुआ देशी एक्शन करत लउकीहे जवना के देख के लोग चउँक जाई. निरहुआ के कहना बा कि “निरहुआ मेल” जइसन एक्शन अबले कवनो भोजपुरी फिल्म में नइखे आइल. एह दृश्यन के फिल्मावे में लगभग करोड़ रूपिया खरचल गइल बा आ एह दृश्यन के फिल्मवले बाड़े तेलगू आ तमिल फिल्मन के मशहूर एक्शन मास्टर वेकेंट. फिल्म में निरहुआ के नायिका बाड़ी भोजपुरी के नं॰ 1 अदाकारा पाखी हेगड़े. फिल्म में मनोज टाईगर, रोजा उस्मानी, गोपाल राय, पुष्पा वर्मा आ अवधेश मिश्रा के प्रमुख भूमिका बा. निर्माता के॰ एस॰ साईबाबा आ ए॰ दास के एह फिलिम के निर्देशक बाड़े सुब्बाराव गोसांगी जे आखिरी रास्ता, शिवा जइसन फिल्म निर्देशित कर चुकल बाड़े. फिल्म के गीतकार विनय बिहारी, प्यारेलाल यादव, संगीतकार राजेश-रजनीश हउवें.


(स्रोत – प्रशांत – निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up