pub-4188398704664586

निरहुआ, रानी सर्वश्रेष्ठ नायक-नायिका, खेसारी आ पाखी ओ के जलवा रहल पिछला साल

by | Jan 5, 2013 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा लेखा-जोखा वर्ष 2012
55 फिलिमनं में 1 ब्लॉकबॉस्टर आ 9 गो हिट फिलिम

भोजपुरी फिलिम इंडस्ट्री ला साल 2012 ठीके-ठाक रहल. एह साल प्रदर्शित भइल 55 फिलिमन में से दर्जन भर फिलिम आपन लागत वसूल करके सफल साबित भइली स.

एह साल के पहिला फिलिम रहल लोकगायक गुड्डू रंगीला के ससुरो कब्बो दामाद रहल. 26 जनवरी के प्रदर्शित भइल एह फिलिम के दर्शकों एकदम से नकार दिहले आ फिलिम सुपर फ्लाप रहल.

3 फरवरी के निरहुआ-पवन सिंह स्टारर खून पसीना प्रदर्शित भइल. ई फिलिम बिहार, मुंबई में बेहतरीन त यू. पी. में औसत व्यवसाय कइलसि आ साल के पहिलका सुपरहिट फिलिम रहल. एकरे संगे प्रदर्शित भइल अचल रहे सुहाग बहुते खराब तरीका से फ्लॉप रहल.

17 फरवरी के प्रदर्शित प्रवेशलाल यादव स्टारर फिलिम राजा के रानी से प्यार हो गईल जहाँ औसत व्यवसाय करे में सफल रहल ओहिजे नया कलाकारन से सजल देवता के दर्शक ना भेंटइले.

होली पर प्रदर्शित रानी चटर्जी स्टारर दुर्गा पूरा बिहार आ मुंबई में औसत व्यवसाय कइलसि. एही मौका पर आइल रविकिशन-रानी स्टारर कईसन पियवा के चरितर बा फिलिमो औसत व्यवसाय करे में सफल रहल.

23 मार्च के मुंबई आ 30 मार्च के बिहार में प्रदर्शित भइल मनोज तिवारी-पाखी हेगड़े स्टारर भईया हमार दयावान बुरा तरह से फ्लॉप रहल.

30 मार्च के मुंबई आ बिहार में प्रदर्शित बिदेसिया फिलिमो बुरा तरह से फ्लॉप रहल.

6 अप्रैल के प्रदर्शित जान तेरे नाम पूरा बिहार में शानदार व्यवसाय कइलसि. खेसारीलाल के ई फिलिम बिहार में अनेके सिनेमाघरन में पचास दिन पूरा कइलसि आ अकेले बिहार टेरीटरी से 1 करोड़ से अधिका के व्यवसाय कइलसि. जान तेरे नाम यू. पी.ओ मे ऐतिहासिक व्यवसाय कइलस आ मुंबईओ में. ई फिलिम एह साल के अकेला ब्लाकबस्टर रहल आ साल के सबले बड़हन फिलिम साबित भइल.

अप्रैले में प्रदर्शित मनोज पाण्डेय स्टार राजाजी, विक्रांत सिंह स्टारर मेहरारू बिना रतिया कईसे कटी, विराज भट्ट-रानी चटर्जी स्टारर काहे कईल हमसे घात, विनय आनंद स्टारर ऐलान-ए-जंग सगरी बुरा तरह फ्लॉप भइली सँ.

11 मई के प्रदर्शित आलोक कुमार के खेसारीलाल-स्मृति सिन्हा स्टारर देवरा पे मनवा डोले बढिया ओपनिंग ले के निकहा बिजनेस कइलसि आ हिट हो गइल.

18 मई के प्रदर्शित विनय आनंद स्टारर पागल प्रेमी शानदार पब्लिसिटी कइला का बादो औसतो व्यवसाय ना कर पवलसि आ असफल रहल. एही दिने रिलीज पवन सिंह स्टारर बजरंग फिलिमो नकाम रहल.

25 मई के प्रदर्शित रवि किशन स्टारर रणबीर मुँह भरिए ढिमिला गइल.

कोर्ट से रोक क चलते देरी से प्रदर्शित फिलिम सौगंध गंगा मईया के औसत व्यवसाय करे में सफल रहल.

1 जून के आइल बुलंदी बहुते खराब निकलल आ अनेके जगहा पहिलके दिने उतार दिहल गइल.

8 जून के प्रदर्शित खेसारीलाल-अंजना सिंह स्टारर दिल ले गईल ओढनिया वाली बिहार में बढ़िया, मुंबई में बहुत बढिया, आ यू. पी. में ठीक ठाक रहल आ बॉक्स ऑफिस पर हिट भइल. एही दिने आइल पंकज केसरी स्टारर प्यार मोहब्बत जिन्दाबाद के दर्शकन से कवनो प्यार ना मिलल.

15 जून के रिलीज विराज भट्ट स्टारर जानवर बेहतर ओपनिंग लेके औसत व्यवसाय कइलसि. एही दिने आइल कलुआ भईल सयान औसत रहल.

29 जून के आइल रंगबाज राजा कवनो करिश्मा ना कर सकल. एही दिने रिलीज भाईजी फिलिमो कुछ खास ना रहल.

6 जुलाई के आइल विराज भट्ट स्टारर दिल तऽ पागल होला फ्लॉप हो गइल.

13 जुलाई के बिहार, यू. पी. में प्रदर्शित हिरो बॉक्स ऑफिस पर हिट रहल. बिहार आ मुंबई में बढ़िया व्यवसाय कइलसि त यू. पी. में रिकॉर्ड व्यवसाय. एह फिलिम से प्रवेशलाल भोजपुरी परदा पर नयका सितारा बन के उगले.

जुलाईए में आइल नंदु निकम्मा आ विराज भट्ट स्टारर खुद्दार फ्लॉप रहली स त पवन सिंह स्टारर डकैत बिहार आ मुंबई में बढ़िया व्यवसाय करके बॉक्स ऑफिस पर हिट रहल.

17 अगस्त के ईद पर प्रदर्शित निरहुआ स्टारर एक बिहारी सौ पे भारी बॉक्स ऑफिस पर शानदार ओपनिंग ले के बढिया व्यवसाय करे में सफल रहल.

24 अगस्त के प्रदर्शित रविकिशन-रानी चटर्जी स्टारर ज्वालामंडी औसत व्यवसाय कइलसि.

31 अगस्त के प्रदर्शित कालिया नाकाम रहल. फिलिम एके दू दिन में अनेके सिनेमाघर से उतर गइल.

7 सितम्बर के प्रदर्शित पवन सिंह स्टारर लावारिस औसत व्यवसाय कइलसि त लव यू सजना फ्लॉप हो गइल.

14 सितम्बर के अमिताभ बच्चन, जया बच्चन, निरहुआ, पाखी स्टारर गंगादेवी पूरा देश में एके संग प्रदर्शित भइल. भारी बरखा का बावजूद ई फिलिम बिहार, यू. पी. में औसत बाकिर मुंबई में शानदार सफलता दर्ज करवलसि.

28 सितम्बर के प्रदर्शित पवन सिंह स्टारर डोली चढ़के दुल्हिन ससुराल चली आ विराज भट्ट स्टारर मर्द टांगावाला बुरा तरह नाकाम रहल.

5 अक्टूबर के प्रदर्शित रानी चटर्जी स्टारर धड़केला करेजवा तोहरे नामे औसत व्यवसाय कइलसि. सुदीप पाण्डेय स्टारर गजब सिटी मारे सईया पिछवारे बहुते बड़ फ्लॉप साबित भइल.

12 अक्टूबर के प्रदर्शित रानी चटर्जी स्टारर चिंगारी बुता गइल आ विनय आनंद स्टारर आज के दबंग दामाद फिलिमो नाकाम रहल.

दुर्गा पूजा पर प्रदर्शित निरहुआ-पाखी स्टारर रिक्शावाला आई लव यू पूरा बिहार, यू. पी में शानदार व्यवसाय कइलसि आ हिट रहल. निरहुआ-पवन स्टारर एक दूजे के लिए बढिया व्यवसाय करने में सफल आ हिट भइल. बाकि विराज भट्ट स्टारर हिम्मतवाला बुरा तरह से फ्लॉप हो गइल.

एही महीना आइल अंधा कानून सिर्फ मुंबई में रिलीज भइल आ फ्लॉप रहल.

2 नवम्बर के आइल सेज तईयार सजनिया फरार से दर्शको फरार रहले.

छठ पर आइल नागिन बाजी मार लिहलसि बाकि लहू के दो रंग औसत रहल. आँधी तूफान कुछ खास व्यवसाय ना कर सकल.

बाद में आइल दामाद चाहीं फोकट में, बिगुल, खुनी दंगल, अंतिम तांडव, का उखाड़ लेबऽ अउर प्रेम लगन कुछ खास ना कर पवली सँ.

एह साल के 10 गो बड़ हिट फिलिमन में जान तेरे नाम, रिक्शावाला आई लव यू, खून पसीना, दिल ले गईल ओढनिया वाली, नागिन, देवरा पे मनवा डोले, एक दूजे के लिए, हिरो, एक बिहारी सौ पे भारी, आ डकैत रहल.

एह साल के सर्वश्रेष्ठ नायक दिनेशलाल यादव निरहुआ रहलन. उनुका खाता में खून पसीना, रिक्शावाला आई लव यू, एक दूजे के लिए, एक बिहारी सौ पे भारी जइसन हिट फिलिम रहल आ गंगादेवी औसत. बाकि बिदेसिया फ्लॉप हो गइल. नयका साल निरहुआ ला चुनौती भरल रही.

दुसरका नंबर पर रहलन खेसारीलाल यादव. इनकर जाने तेरे नाम साल के सबले बड़ हिट फिलिम रहल त नागिन, दिल ले गईल ओढिनिया वाली, देवरा पे मनवा डोले फिलिमो हिट रहली सँ. लहु के दो रंग औसत रहल.

तीसरा नंबर पर रहलन पवन सिंह जिनकर निरहुआ संगे खून पसीना, एक दूजे के लिए बढ़िया रहल. डकैत हिट साबित भइल. लावारिस, सौगंध गंगा मईया के औसत व्यवसाय कइलसि. पवन सिंह के रंगबाज राजा, डोली चढ़के दुल्हन ससुराल चली, बजरंगआँधी तूफान फ्लाप हो गइली सँ.

चउथा नंबर पर रविकिशन रहले. इनकर कईसन पियवा के चरितर बा, आ ज्वालामंडी औसत व्यवसाय कइलसि बाकिर रणबीर फ्लॉप हो गइल.

पांचवा नंबर पर प्रवेशलाल यादव अपना सोलो सरप्राईज हिट हिरो से रहले.

विराज भट्ट के खेसारी संगे जान तेरे नाम चलल बाकि ओकर पूरा वाहवाही खेसारी के मिलल. विराज के बाकी फिलिमन में जानवर छोड़ सगरी फिलिम असफल भइली सँ. मनोज तिवारी के भईया हमार दयावानअंधा कानून मुँह भरिए ढिमिलइली सँ. अंधा कानून त मुंबई छोड़ कहीं प्रदर्शितो ना हो पावल.

नायिका में से रानी चटर्जी के जलवा चलल उनकर दुर्गानागिन हिट रहली स, ज्वालामंडी, आ कईसन पियवा के चरितर बा औसत रहली स, बाकि चिंगारीघात फ्लॉप हो गइली स.

पाखी हेगडे के एह साल कमे फिलिम अइली स. एहमें से रिक्शावाला आई लव यू, खून पसीना हिट भइली स, भईया हमार दयावानबिदेसिया पिटा गइली सँ. हालांकि गंगादेवी में दिहल परफारमेंस खातिर पाखी के बहुते सराहल गइल.

नईकी तारिका अंजना सिंह के छः गो फिलिमं रिलीज भइली सं. एहमें से दिल ले गईल ओढनिया वाली, देवरा पे मनवा डोले, एक बिहारी सौ पे भारी हिट रहली स आ लावारिस औसत. मर्द टांगावालाआँधी तूफान फ्लॉप हो गइली सँ.

मोनालिसा के डकैतनागिन के प्रदर्शन बढ़िया रहल. स्मृति सिन्हा के देवरा पे मनवा डोले सफल रहल आ सौगंध गंगा मईया के औसत. शुभी शर्मा ‘हिरो के सफलता से चर्चा में रहली. रिंकु घोष ला ई साल खास ना रहल. इनकर भइया हमार दयावानअंधा कानून अइली स एह साल. अक्षरा सिंह एक बिहारी सौ पे भारी, आ सौगंध गंगा मईया के लेके चर्चा में रहली बाकि इनकर बिगुल, कालिया फ्लॉप हो गइली सँ.

एह साल प्रवेशलाल यादव से उम्मीद बढल बा त खेसारी लाल तेजी से आगा बढ़ल बाड़ें. अभिनेता हैदर काजमी, विनय आनंद, सुदीप पाण्डेय, विक्रांत सिंह, मनोज पाण्डेय, आ पंकज केसरी ला ई साल 2012 खास ना रहल. निर्मातन में रामाकांत प्रसाद, अभय सिन्हा, आलोक कुमार, राजकुमार पाण्डेय, डॉ. सुनील, मनोज चौधरी, प्रस्तुतकर्ता सुजीत तिवारी के फिलिम चर्चित रहली स. निर्देशकन में रामाकांत प्रसाद, राजकुमार पाण्डेय, जी. सुब्बाराव, प्रेमांशु सिंह, अजय श्रीवास्तव, जगदीश शर्मा, अरविंद चौबे के फिलिमन के नाम भइल.

एह पृष्ठभूमि के देखत कहल जा सकेला कि साल 2013 भोजपुरी सिनेमा ला बहुते महत्वपूर्ण रही.


(भोजपुरी फिलिम सर्वे का नाम से कवनो अनाम)
संपादक के टिप्पणी आए दिन फिलिम प्रचारकन से अपना अपना फिलिम आ कलाकारन के बड़ाई के खबर आवत रहेला. ओहू खबरन के प्रामाणिकता से हमार सहमति ना रहे आ एह प्रस्तुत लेख से त एकदमे ना. काहे कि एह लेख के लेखक आपन नाम देबे के साहस नइखन देखवले. बाकि एकरा बावजूद एह लेख के एहीला प्रकाशित कइल जात बा कि बैलेंस बनल रहो. ले दही ले दही से अलगो कुछ परोसल जा सके. बाकि सही गलत के फैसला पाठक आ दर्शक खुद करेले. जवन फिलिम बढ़िया रहल होई तवनो के जानत होइहे आ खरबको के.

एकरा बावजूद एह लेख के लेखक के सलाह देब कि आपन नाम दिहल बढ़िया रहीत काहे कि तब एह लेख के बात के वजन बढ़ जाइत. खैर. अबहियों कुछ नइखे बिगड़ल. सार्वजनिक रूप से ना सही त लुकाइए छिपा के आपन संपर्क बताईं. काहे कि अँजोरिया के एगो स्वतंत्र समीक्षक भा संवाददाता के बहुते बेसब्री से इंतजार बा. बातचीत से कवनो व्यावहारिक राह निकालल जा सकेला.

निजी प्रचारकन से निहोरा बा कि एह लेख में लिखल बात के विरोध करे के बा त ओह फिलिमन आ कलाकारन ला करीं जिनकर प्रतिनिधित्व रउरा ना करीं.

कवनो बात से केहू के दुख चहुँपत होखे त ओकरा ला हम पहिलही माफी माँग लेत बानी. आ अतना त पहिलही बता दिहले बानी कि एह लेख के प्रामाणिकता के कवनो आधार नइखे हमरा लगे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586