न्युयोर्क फिल्म फेस्टिवल में "हमका ओढ़ावे चदरिया "

by | Mar 24, 2012 | 0 comments

भोजपुरी फिलिमन के फोर्मुलेबजी ओहनी के देशी-विदेशी फिल्म फेस्टिवल्स से बाहरे राखेले. पइसा कमाये के आन्हर दउड़ मे फिल्मकार जड़-जमीन से जुड़ ना पावसु. से ऊ लोग भला मुद्दा के बात करबो करे त का आ कइसे? एही चलते एह फिलिमन के फिल्म फेस्टिवल्स त दूर, थियेटरों में केहू गंभीरता से ना लेव. बाकिर सिनेमा भोजपुरी के एह रचनात्मक दिवालियापन से बाहर निकालत निर्देशक शैलेश श्रीवास्तव ओकरा के अंतर्राष्टरीय कैनवास पर पेश करे के बीड़ा उठवले बाड़न.

“ससुरा कब्बो दामाद रहल” अउर “तुलसी बिन सूना अगनवा” जइसन पारिवारिक फिलिमन में सुर्खियन में आइल शैलेश श्रीवास्तव अब भोजपुरी सिनेमा के एगो संवेदनशील मुद्दा से जोड़े के कोशिश कइले बाड़न. एगो साँच घटना पर बनल फिल्म “हमका ओढ़ावे चदरिया” में एड्स मरीजन खातिर समाज के असंवेदनशील रवैया देखावल गइल बा. मौत की घड़ी गिनत एड्स मरीजन खातिर ई सामाजिक उदासीनता उनका दरद के अउरी बेसहाउरि बना देले. एही मुद्दा के फिल्म में उठावे के कोशिश भइल बा

चौबीस मिनट क ई डॉक्युमेंट्री फिल्म इंडिया इंटरनेशनल फिल्म फेस्टिवल में आपन झंडा फहरवला का बाद अब न्युयोर्क फिल्म फेस्टिवल में भेजल गइल बा. उमेद बा कि एह फिल्म से भोजपुरी फिलिमन के दुनिया के स्तर पर सम्मान जनक विस्तार मिल पाई.

स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट से

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up