पत्नी का साथे पहिला बेर परदा पर अइले रवि किशन

by | Jul 7, 2011 | 1 comment

भोजपुरी फिल्मन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन खातिर आठ जुलाई के दिन खुशियन से भरल होई काहे कि एह दिन ऊ पहिला बेर अपना धर्म पत्नी प्रीति किशन का साथे छोटका परदा पर साथ साथ नज़र अइहन, भोजपुरी मनोरंजन चैनल महुआ के चर्चित शो के बनी करोडपति के सिल्वर जुबली एपिसोड के अउरी रोचक बनावे आ ओकरा के अउरी लोकप्रिय बनावे खातिर रवि किशन के पत्नी के साथ आमंत्रित कइल गइल बा हॉट सीट पर बइठे ला.

पिछले दिने एह एपिसोड के शूटिंग कोलकाता में भइल. शो के होस्ट शत्रुघ्न सिन्हा का सोझा रविकिशन दंपत्ति अपना पारिवारिक जीवन के कुछ खुशी दर्शकन का साथे बटीहे. एह शो में ऊ साढ़े बारह लाख के इनाम जीतलन. ई पहिला मौका रहे जब रवि किशन अपना पत्नी प्रीति का साथे कवनो शो के हिस्सा बनले. हालांकि एकरा पहिले इमेजिन टीवी के शो राज़ पिछले जन्म का में प्रीति किशन दर्शक दीर्घा में अपना पति के पूर्व जन्म का राज जाने खातिर शो में शामिल रहली. लेकिन बतौर प्रतिभागी ई पहिला बेर रहल जब दुनु पति पत्नी एक साथ स्टेज पर अइले. प्रीति खातिर ई लमहा बहुते खास रहल काहे कि ऊ रवि किशन का फ़िल्मी जीवन में कबहियो कवनो दखल ना देसु. बतावल जा सकेला कि प्रीति किशन फ़िल्मी परिवेशे में पलाइल पोसाइल रहली. उनकर पिता स्वर्गीय रमण पाण्डे प्रसिद्ध फिल्म पत्रकार, प्रचारक आ फिल्म निर्माता रहले.

शो के प्रसारण महुआ टीवी पर ८ जुलाई शुक का दिने रात नौ बजे से देखावल जाई.


(स्रोत – उदय भगत)

Loading

1 Comment

  1. DINESH CHANDRA GUPTA

    rvi bhai & bhabhi ji aap dono ko sadar charan sparsh hame aur hmra patni(ardhangni ji) ke kitna khushi hui ki aap dono ko ham dono keshe btaa ham dono bhai Manoj ji ka bahut hi bra phen the lekin aaj ke bani karor pati ke bad aap dono hamare dil me jagah le liaa he ”bhagvan kare aap sabhi hmesha-hamesha khush rahe,

    aap ka
    DINESH CHANDRA GUPTA
    W/O- MEERA GUPTA
    A/P-VIDYA BHAWAN NARAIANPUR
    DIST- BALLIA (UP)277213
    +919050245164
    +919830905865
    dinesh.chandragupta71@gmail.com

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up