भोजपुरी स्टार पवन सिंह आ मशहूर निर्माता रामाकांत प्रसाद के जोड़ी पहिला बेर एक साथ भोजपुरी फिल्म “लड़ाई ल अँखिया ए लौंडे राजा” से धमाल मचावे के तइयार बा. फिल्म अब प्रदर्शन खातिर तइयार हो चुकल बा. आ बिहार में २४ जून के रिलीज होखे जा रहल बा.
अपना सुपर हिट फिलिम लागल रहऽ राजाजी, दिवाना, दाग, आ दिलजले का बाद दर्शकन का सोझा पवन सिंह अभिनीत एह फिल्म से निर्माता रामाकांत प्रसाद के बहुत उम्मीद बा. संपूर्ण मनोरंजन वाली एह फिल्म में पवन सिंह का साथ विराज भट्ट, मोनालिसा, प्रिया शर्मा के खास भूमिका बा एह फिल्म में जवना के आदिशक्ति इंटरटेनमेंट आ कुमारी माई मूवीज पेश कइले बा. फिल्म के गीत संगीत अशोक कुमार दीप के बा,
पवन सिंह के हालही में पहिला भोजपुरी सिटी सिने अवार्ड में दर्शकन का नजर में सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के सम्मान दिहल गइल बा.
(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)
MAI AAPKA PICTUR BAHUT DEKHTE HAI
LAGAL RAHA PAWAN PURWIYA………