पहिले त रोकवावल चहली, अब नाम कमाइल चाहत बाड़ी

by | Jul 9, 2011 | 0 comments

फूल बनल अंगार के निर्देशक फहीम ए खान के कहना बा कि फिल्म के प्रदर्शन रोकवावे खातिर पूरा कोशिश कइली आ एहमें से चार गो आयटम सांग सेंसर में पैरवी करवा के कटवा दिहली. फिल्म के रिलीज में बहुते फजीहत उठावे के पड़ल, इहाँ तक कि फहीम खान के जेल तक जाये पड़ गइल. बाकिर अब जब फिल्म सफल हो गइल बा त उहे रानी चटर्जी अब वाहवाही लूटे में लागल बाड़ी. मुंबई में जब नवरंग थियेटर में एकर प्रीमियर शो राखल गइल त सगरी कलाकार अइले आ सहयोग कइले बाकिर रानी चटर्जी ना आइल रही. फिल्म बिहार आ मुंबई में शान का साथ चल रहल बा.

फिल्म के कहानी कुछ अइसन बा कि गरीब फूलवा के इज्जति एक दिन गाँवे के ठाकुर लूट लेत बा. केस लिखवावे थाना चहुँपल फूलवा के इज्जति से पहिले थानेदार आ बाद में एसपी तक खेल लेत बाड़े. एही बीच थानेदार फूलवा के महतारी के मरवा देत बा. अकेली फूलवा के गाँव वाले गाँव से निकाल देत बाड़े त ऊ एगो डाकू धर्मा का गिरोह में शामिल हो जात बिया आ एक दिन अंगार बनि के अपना पर अत्याचार करे वालन पर टूट पड़त बिया. आ सभका से गिन गिन के बदला लेत बिया.

फिल्म फूल बनल अंगार के निर्माता विशाल तिवारी आ अभिषेक धारीवा, संगीतकार आ निर्देशक फहीम ए खान, लेखक शकील नियाजी, गीतकार पवन मिश्रा, मुनव्वर आजमी, आ एस कुमार, एक्शन मास्टर गब्बर सिंह, छायाकार श्यामल चतुर्वेदी, नृत्य निर्देशक रामदेवन आ संजय हउवे. फिल्म के मुख्य कलाकारन में रानी चटर्जी, विशाल तिवारी, बिपिन सिंह, दीपक भाटिया, गोपाल राय, सीपी भट्ट, पवन मिश्रा, सीमा सिंह, पुरुनिला राय, हरि शरण, मंजू तिवारी, आ नरेन्द्र पाण्डेय शामिल बाड़े.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up