सिनेमा भोजपुरी के स्टार प्रवेशलाल यादव आ चर्चित नायिका शुभी शर्मा के सुपरहिट जोड़ी एक बेर फेर फिलिम ’टाईगर’ में लउकी. बाक्स ऑफिस पर एक से बढ़के एक हिट फिलिम देबे वाला एह जोड़ी, प्रवेश-शुभी, के एहु फिलिम में लव एंगल बा. एह जोड़ी पर कई गो गाना आ लाजवाब सीन फिलिमावल गइल बा.
निरहुआ इंटरटेनमेंन्ट प्रा. लि. के बैनर तले बनल एह फिलिम के निर्देशक सुब्बाराव गोसांगी हउवे. एहमें मनोज टाईगर, तेज बहादुर, समर्थ चतुवेर्दी, रत्नेश बरनवाल आ अवधेश मिश्रा के खास भूमिका बा. प्रवेश आ शुभी दुनु जने एह फिलिम के लेके बहुते उत्साहित बाड़ें.
(प्रशांत निशांत)
0 Comments