फरार टूलिप सिंह लगवली यौन शोषण के आरोप

by | Jul 2, 2012 | 0 comments

अहमदाबाद पुलिस में दायर एगो मुक़दमा में फरार चलत अभिनेत्री टूलिप सिंह हालही में मुंबई के एगो अंगरेजी दैनिक के दिहल अपना साक्षात्कार में अहमदाबाद के ओह ज्वेलर्स पर यौन शोषण के आरोप लगवले बाड़ी जवन उनुका खिलाफ ढ़ाई करोड़ के गहना के हेरा फेरी के मामिला दर्ज करवले बा. एह मामिला में एगो सह आरोपी बनल निर्माता रमण नैयर पुलिस गिरफ्त में बाड़े जबकि टूलिप सिंह फरार बाड़ी.

टुलिप के कहना बा कि ओह ज्वेलर्स के मालिक से उनुकर शारीरिक संबंध रहुवे आ दू हाली उनकर पेटो गिरावल गइल. कहले बाड़ी कि उनका दू गो फिलिम में के.के.ज्वेलर्स के मालिक पइसा लगवले रहलें आ बाद में ओह फिल्म से जुड़ल अउरीओ लड़िकियन से नाजायज सम्बन्ध बनावल चाहत रहलें,

जौनपुर के रहे वाली पुर्णिमा कृष्णा अभिषेक संगे अनिल सम्राट के फिल्म “दे दे पिरितिया उधार” से भोजपुरी सिनेमा में उतरल रही. बाद में ढेर दिन ले सिनेमा जगत से गायब रहला का बाद पुर्णिमा अचानक अपना नया नाम टुलिप सिंह का साथे सामने अइली आ अपना पार्टनर रमण नैयर संगे जलाराम प्रोडक्शन के बैनर तर पांच गो फिलिम बनावे के एलान कइली. पहिला रहल रवि किशन संगे “धमाल कईलऽ राजा”, विनय आनद संगे “दूल्हा और काली”, पवन सिंह संगे “राजपूत पवन सिंह” आ दू गो अउरियो फिलिम रहली सँ एह सूची में. एह पाँच में से सिर्फ एगो फिलिम के शूटिंग पूरा भइल बा आ अब के.के. ज्वेलर्स के मामला का बाद से ऊ फरार हो गइल बाड़ी.

अब टूलिप सिंह के एह बयान का बाद मामिला में नया मोड़ आ गइल बा बाकिर साँच का ह ई पता चले में त अबहीं बहुते पेंच लागत बा. देखल जाव के सही कहत बा, टूलिप सिंह कि के.के. ज्वेल्लेर्स के मालिक?


(एगो अनाम स्रोत से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up