फिलिमे में सही सीमा बाकिर दरोगा बन के अपना पापा के सपना पूरा कइली

by | Oct 10, 2012 | 0 comments

अबही ले अपना आइटम डांस से देखनिहारन के होश उड़ावे वाली सीमा सिंह फिल्म ‘लड़ब मरते दम तक’ में इन्स्पेक्टर के किरदार में बदमाशन के छट्ठी के दूध इयाद करावत लउकीहें. दुर्गा फिल्म्स प्रोडक्शन के बैनर तले बनत एह फिल्म के निर्माता संजय कुमार मिश्रा आ निर्देशक पिंटू चटर्जी हउवें.

एह बारे में सीमा सिंह के कहना बा कि उनुका पापा के मन रहे कि बड़ हो के सीमा दरोगा बनसु. असल लाइफ में त सीमा सिंह दरोगा ना बन पवली बाकिर जब रील लाइफ में इन्स्पेक्टर के वर्दी पहिरली त पापा के सपना बरबस याद आ गइल. शूटिंग के सेट पर आंखें भर आइल ई सोच के चलऽ कवनो रूप में पापा के सपना त पूरा कइनी. एह फिल्म में इंसपेक्टर बनल सीमा सिंह किडनी बेचेवाला गिरोह के पर्दाफाश करत नजर अइहें.

फिल्म के शूटिंग पिछला दिने पनवेल के स्वप्न नगरी स्टूडियो में करावल गइल, एह शूटिंग में सीमा सिंह के अलावा विराज भट्ट, शुभम तिवारी, सुप्रेणा सिंह, के.के. गोस्वामी वगैरह खास कलाकार शामिल भइलें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up