pub-4188398704664586

फिल्म ’’कालिया’’ के खलनायक बालेश्वर सिंह

by | Feb 19, 2012 | 0 comments

बहुचर्चित भोजपुरी फिल्म ‘कालिया‘ जेकर निर्माण भोजपुरी मशहूर अभिनेता हैदर काजमी करत बाड़े आ लेखक-निर्देशक शिवराम यादव हउवें, में मुख्य खलनायक के किरदार बालेश्वर सिंह करीहें. बालेश्वर सिंह के कहना बा कि “कालिया” उनुका करियर खातिर मील के पत्थर साबित होखी. निर्देशक शिवराम यादव के कहना बा कि एह फिल्म में नायक हैदर काजमी आ खलनायक बालेश्वर सिंह के कैमिस्ट्री दर्शकन के बहुते बढ़िया लागी.

बालेश्वर सिंह के दोसर फिलिमन में ‘रूपिया के बोल बाला’, ‘गरदा उड़ा देब’, ‘‘बुलन्दी’, ‘हम मस्ताने’ वगैरह रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ. बालेश्वर “दिल ले गईल ओढनिया वाली” फिलिमो में बतौर खलनायक नजर अइहे. एह फिलिम के शूटिंग मुंबई में जोर-शोर से चलत बा.


(अपना न्यूज के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586