बनारस के कचौड़ी जलेबी पर फिदा भइली सीमा सिंह

by | Feb 14, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह अपना डांस का जलवा से बनारस के लोगन के झुमा अइली. पिछला दिने सीमा सिंह भोजपुरी फिल्म ‘सौगंध गंगा मईया की’ खातिर एगो आयटम नंबर के शूटिंग करे बनारस गइल रही. ओहिजा एगो कमाल के आयटम नंबर शूट करवली आ अपना व्यस्तता का चलते अपना गृहनगर इलाहाबाद ना जा के सीधे मुंबई लवटि अइली अपना अगिला फिलिम के शूटिंग खातिर. जबकि बनारस से मात्र कुछ घंटा लागेला इलाहाबाद जाये में.

आपन बनारस यात्रा लाजवाब बतावत सीमा सिंह कहली कि बनारस मस्त मौला शहर ह. बनारस के कचौड़ी जलेबी खा के सीमा सिंह कहली कि अइसन कचौड़ी जलेबी आजु ले ना खइले रही.

सीमा सिंह के एक झलक पावे खातिर लोग के भारी भीड़ जुट जात रहुवे. एह दौरान ऊ बनारस के मंदिरों में दर्शन खातिर गइली. अपना प्रशंसकन के आटोग्राफ दिहली, पत्रकारन के इंटरव्यू, आ लोकल कलाकारन से भेंट कइली.

भोजपुरी के अस्सी फीसदी फिलिमन में सीमा सिंह के आयटम नंबर जरूर रहेला. छोटका परदा के रियलटी शो ‘नाच नचईया धूम मचईया’ के विजेतो बनली सीमा सिंह. पिछला साल डांसिंग क्वीन के खिताब जीतली.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up