बिहार झारखंड के कलाकारन से भरल "तोर चाहत में"

by | May 20, 2012 | 0 comments

आम तौर पर बिहार भा झारखण्ड के कवनो फिलिम में सगरी कलाकार आ तकनीशियन ओहिजे के ना होलें बाकिर मोहन लाल जी महतो आ रोहित लाल बी. महतो के फिल्म “तोर चाहत में” के एगो खांटी बिहारी झारखंडी फिल्म के दरजा दिहल जा सकेला काहे कि एह फिलम में ना सिरिफ कलाकार आ तकनीशियने स्थानीय बाड़ें, बलुक सगरी कामो बिहारे झारखंड में कइल गइल बा.

फिल्म के निर्देशक पप्पू प्रधान हउवें. फिल्म में मुख्य भूमिका पीयूष आर्य, सुप्रिया, मोहन महतो, श्रेया मुखर्जी, सोहन लालजी महतो, पप्पू प्रधान, सचिन्द्र हेम्ब्रम, चंद्रभूषण सिंह, आ उतन पाण्डे के बा. छायाकार हउवें विकास प्रसाद. एम.आर.आर.इंटरटेनमेंट अउर खुशबू आर्ट का बैनर में बनत एह फिल्म के निर्माता मोहन लाल जी महतो के कहना बा कि ऊ अक्सर बिहार आ झारखंड के प्रतिभा के मुंबई क ख़ाक छानत देखत रहलें से ऊ एहिजे के कलाकार तकनीशियन ले के फिलिम बनावे के तय कइलन.

ए.बी. मोहन प्रसाद रजक पटकथा आ संवाद लिखलें. कहानी दीपक राज के लिखल. एकरा गीतन में उदित नारायण, दीपा नारायण जइसन महारथी गायकन संगे रीमा कपूर आ दोसरो स्थानीय गायकन के आवाज बा, फिल्म अब प्रदर्शन ला तइयार बिया . देखल जाव कि पूरा टीम के मेहनत अउर लगन से कइल काम के दर्शक कतना पसंद करत बाड़न आ स्थानीय कलाकार के कतना उत्साह बढ़ावत बाड़न.


(उदय भगत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up