बिहार में डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के जलवा

by | Aug 9, 2011 | 1 comment

पिछला दिने महुआ टीवी के एगो डांस शो के ऑडिशन लेबे बिहार के पटना गइल भोजपुरी सिनेमा के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के डांस पार्टनर बने खातिर लगभग दो हजार लड़िका कंपटीशन में रहले. अब अतना अतना लड़िकन के डांस पार्टनर त बनावल ना जा सकत रहे त एगो टीमे बना दिहल गइल सीमा सिंह के साथ डांस करे ला.

ऑडिशन से निबटला का बाद सीमा सिंह अपना फिल्म ‘रंगबाज’ के प्रमोट करे पटना, मुजफ्फरपुर अउर आरा गइली, दर्शकन का साथे बइठ के रंगबाज देखली आ चाहे वालन के ऑटोग्राफो दिहली. सीमा सिंह का बारे में कहाला कि अगर फिलिम में उनुकर आयटम नंबर बा त फिलिम सुपर डुपर हिट रही. ‘रंगबाज’ फेर एह बाति के सही साबित कर देखवले बा. ‘दिवाना’, ‘सात सहेलियां’, ‘रणभूमि’, ‘लहरिया लूटऽ ए जाजा’, ‘सईंया के साथ मड़इया में’, ‘नाग नागिन’, ‘बृजवा’, ‘मार देब गोली केहू ना बोली’ वगैरह फिलिमन के मिलल सफलतो एकरे उदाहरण बा.
सीमा सिंह के आवेवाली फिलिमन में अभय सिन्हा के ‘इंसाफ’, आदित्य ओझा के ‘सुगना’, रमाकांत प्रसाद के ‘खून पसीना’, कृष्णा मिश्रा के हिंदी फिल्म ‘बीहड़’ वगैरह के नाम बा. एकरा अलावे उनुका के ‘खून पसीना’, ‘काली’, ‘धमाल कईला राजा जी’, ‘दामाद चाही फोकट में’ अउर ‘टाई’ फिल्म खातिर साइन कइल गइल बा.

हाल ही में सर्वश्रेष्ठ आयटम नंबर खातिर भोजपुरी सिटी सिने अवार्ड सीमा सिंह के दिहल गइल रहे. ऊ करीब हर निर्माता निर्देशक का फिल्म में काम करत बाड़ी आ हर आयटम नंबर पर सीमा सिंह के कड़ा मेहनत फिल्म के कामयाब बना देले.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

Loading

1 Comment

  1. archna

    badhiya ba e site

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up