बिहार-यु.पी. में ‘हीरो’ प्रवेशलाल के जादु

by | Jul 24, 2012 | 0 comments

भोजपुरी अभिनेता प्रवेशलाल यादव के अबही हाल में रिलीज फिलिम ‘हीरो’ के जादु सगरी बिहार-यु.पी. में दर्शकन का माथे चढ़ के बोलत बा. भारी बरखा का बावजूद एह फिलिम के बाक्स आफिस कलेक्शन एतिहासिक रहल बा आ दर्शक एह फिलिम के बड़ाई करत नइखन अघात. प्रवेश के भूमिका एह फिल्म में एगो सीक्रेट सर्विस पुलिस ऑफिसर के बा. आ एह फिल्म के प्रवेशलाल के अबही ले सबले बेहतर फिलिम बतावल जात बा.

बिहार के मोतिहारी, रक्सौल, सिवान, पटना, बक्सर, समस्तीपुर, मुजफ्फरपुर, दानापुर, बेगुसराय, गया, बिहारशरीफ आ कोसी क्षेत्र में शानदार बिजनसे करे वाला एह फिल्म के बनारस के आनंद मंदिर में एक दिन के चारो शो में 50,247/- रूपये के नेट कलेक्शन मिलल जवन अबही ले कवनो दोसरा फिलिम के नइखे मिलल. पिपराइच के अनुराधा सिनेमाघर में एकर कलेक्शन रिकार्ड रहल.

बिहार आ यू.पी. के सिनेमाघरन में दुसरको हफ्ता में एकरा बम्पर कलेक्शन मिलत बा, मशहुर अग्रेजी दैनिक टाईम्स ऑफ इंडिया एह फिल्म के समीक्षा में तीन तारा दिहले बावे. फिल्म में प्रवेश के तकिया कलाम ‘‘नो टेंशन, नो बी.पी., बी हैप्पी, व्यस्त रहऽ, मस्त रहऽ” अब देखेवालनो के तकिया कलाम बनल जात बा. एह फिल्म के सफलता से प्रवेश लाल यादव सिनेमा भोजपुरी के भरोसेमंद सितारन का कतार में शामिल हो गइल बाड़ें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up