‘भाई जी’ के पूरा तरह से मसाला फिलिम बतवलें विशाल तिवारी

by | Jul 7, 2012 | 0 comments

हालही में मुंबई में रिलीज भइल ए. स्क्वायर प्रोडक्शन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘‘भाई जी’’ के निर्माता निर्देशक विशाल तिवारी से भइल बातचीत में ऊ ‘भाई जी’ फिलिम के मसाला फिलिम बतावत कहलें कि एकरा में एक्शन भरपूर बा, रोमांसो बा आ कॉमेडीओ. आइटम सांग के जरुरियात का बारे में विशाल तिवारी के कहना रहे कि आइटम सांग दर्शकन के बझवले राखेला खास कर के भोजपुरी फिलिमन में. आ दर्शकन के जवन डिमांड बा ओकरे के ध्यान में राखत ऊ ई फिलिम बनवले बाड़े.

फिल्म इण्डस्ट्री में अपना शुरूआत का बारे में विशाल तिवारी बतवलें कि एहसे पहिले ऊ ‘फूल बनल अंगार’ बनवले रहलें जवना में रानी चटर्जी टायटल रोल में रहली. बतौर निर्माता ‘भाई जी’ विशाल तिवारी के दोसरकी फिलिम ह आ बतौर निर्देशक पहिलका. एह फिल्म के निर्देशन करे के अनुभव उनका ला बहुते बढ़िया रहल.

फिल्म के सफलता के आधार का बारे में विशाल तिवारी के कहना रहल कि समय बदलत रहेला आ ओकरा संगही दर्शक के डिमांडो. कबो लोग के एक्शन फिलिम चाहेला त कबो कॉमेडी. कबो रोमांटिक त कबो सामाजिक. फिलिम अगर बढ़िया रहल त चलबे करी चाहे ऊ एक्शन के होखे भा कॉमेडी के.


(समरजीत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up