भोजपुरी फिल्म लज्जा के संगीत मुहुर्त

टॉप म्यूजिक एंटरटेनमेंट का बैनर में सुरजीत सिंह के बनावल आ लेखक निर्देशक रमाशंकर के भोजपुरी फिल्म “लज्जा” के संगीत मुहुर्त गायिका शालिनी आ गायक जीत राय के युगल गीत के रिकार्डिंग का साथे करावल गइल. संगीतकार रहले सिद्धार्थ शालिनी. फिल्म के कलाकारन में पंकज केसरी, ऋतिका शर्मा, मनोज द्विवेदी, हीरालाल यादव, यादवेन्द्र आ उदय श्रीवास्तव शामिल बाड़े. सह निर्माता वरुण चौरसिया, संवाद लेखक आ गीतकार ए बी मोहन आ एक्शन मास्टर हीरा यादव हउवें. लेखक निर्देशक रमाशंकर के ई दुसरका फिल्म ह. उनकर पहिला फिल्म “आग” अब रिलीज होखेवाली बा. एह मौका पर राजकुमार पाण्डेय, के रत्नेश, देव मल्होत्रा वगैरह मौजूद रहले.


(स्रोत – समरजीत)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up