भोजपुरी फिल्म समाचार एक नजर में ५ जुलाई

by | Jul 5, 2011 | 0 comments

रिलीज आ रिलीज के बाद

  • बिहार में पचासवां दिन का तरफ बढ़त बा विनय आनन्द अभिनीत फिल्म त्रिनेत्र. निर्माता प्रतिमा डी मिश्रा. निर्देशक शाद कुमार. मुख्य अभिनेता विनय आनन्द, दिव्या द्विवेदी, पंकज केसरी वगैरह.
  • बिहार में साजन चले ससुराल के शानदार चउथका हफ्ता. निर्माता आलोक कुमार. निर्देशक प्रेमांशु सिंह. मुख्य कलाकार खेसारीलाल यादव, स्मृति सिन्हा वगैरह.
  • लड़ाई ल अँखिया ऐ लौण्डे राजा बिहार यूपी आ नेपाल में रिकार्ड ब्रेकिंग कलेक्शन ले रहल बा. निर्माता आ निर्देशक रामाकांत प्रसाद. मुख्य कलाकार पवन सिंह, विराज भट्ट, मोनालिसा वगैरह.

रिलीज से पहिले सेंसर

  • 29 जुलाई के बिहार आ मुंबई में दू सौ प्रिंट का साथ रिलीज होखे जा रहल बा रंगबाज. निर्माता एएससी डिजिटल. लेखक आ निर्देशक शिवराम यादव. कैमरा मैन हँसमुख राजपूत. डांस मास्टर रिक्की गुप्ता. एक्शन रियाज सुल्तान. कला आशीष कोलटे. ध्वनि मुद्रण सलीम खान. संपादक गोविन्द दुबे. संगीत अमन श्लोक. संवाद मनोज कु.कुशवाहा. गीत अरविन्द तिवारी, श्यामजी श्याम आ डा॰ रंजू सिन्हा.
    मुख्य कलाकार हैदर काजमी, रानी चटर्जी, सीमा सिंह, तसनीमा शेख, माया यादव, बिपिन सिंह, सीपी भट्ट, नीलिमा सिंह, उमाशंकर मिश्रा, अमित मेहरा, सोनिया मिश्रा, सुप्रिया गोपाल, मास्टर समद, सैयद गुलरोज, बाल गोविन्द, राम मिश्रा, फूल सिंह, बृजेश त्रिपाठी, अनिल यादव वगैरह. विजयलाल यादव के विशेष मौजूदगी

पोस्ट प्रोडक्शन

  • सुगना के डबिंग शुरु हो गइल बा. निर्माता निर्देशक अजय ओझा. मुख्य कलाकार आदित्य ओझा, काजल, राजीव दिनकर, कल्पना शाह वगैरह.
  • प्राण जाई पर वचन ना जाई के आडियो राइट्स टी सीरीज बढ़िया दाम दे के खरीदलसि. निर्माता – महिपाल दास गुप्ता. निर्देशक – के॰डी॰. मुख्य कलाकार – रविकिशन, राजीव दिनकर, अक्षरा सिंह वगैरह.
  • राम लखन के पोस्ट प्रोडक्शन के काम शुरु हो गइल बा. निर्माता राजकुमार दहिमा. निर्देशक इकबाल बख्श. मुख्य कलाकार सुशील सिंह, अनारा गुप्ता, सोम यादव वगैरह.
  • मल्ल युद्ध के मिक्सिंग के काम पूरा हो गइल. निर्माता सुनील चौहान, निर्देशक चाँद मेहता. मुख्य कलाकार रविकिशन, रानी चटर्जी, शुभम तिवारी, कोमल ढिल्लो वगैरह.
  • राजा के रानी से प्यार हो गइल के संपादन पुरा होखेवाला बा. निर्माता स्वप्नदीप. निर्देशक शैलेश पाण्डेय आ स्वप्न दीप. मुख्य कलाकार प्रवेशलाल, शुभी शर्मा, मेघा घोष, संजय पाण्डेय वगैरह.
  • पियवा बड़ा सतावेला के डबिंग के काम पूरा हो गइल. निर्माता विनोद गुप्ता आ अंकित शाह, निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय. मुख्य कलाकार रविकिशन, विराज भट्ट, रानी चटर्जी, कृशा खंडेलवाल वगैरह.
  • अचल रहे सुहाग के संपादन पूरा हो गइल. निर्माता सुमीत खान, विकास शर्मा. निर्देशक अभिलाष शर्मा. मुख्य कलाकार विक्रान्त सिंह, ऋचा सोनी, राखी त्रिपाठी वगैरह.
  • तुलसी बिन सुना अँगनवा के संपादन के काम चल रहल बा. निर्माता आर॰बी शर्मा. निर्देशक शैलेश श्रीवास्तव. मुख्य कलाकार विनय आनन्द, मोनालिसा, एस एम जहीर वगैरह.
  • एलान-ए-जंग के बैकग्राउण्ड म्यूजिक जोड़े के काम शुरु हो गइल बा. निर्माता राजीव गुप्ता. निर्देशक रवि सिन्हा. मुख्य कलाकार विनय आनन्द, विक्रांत सिंह, मोनालिसा वगैरह.
  • सईंया ड्राइवर बीबी खलासी के पोस्ट प्रोडक्शन के काम पूरा हो गइल. निर्माता अनुज गुप्ता निर्देशक अंजनी कुमार. मुख्य कलाकार कुणाल सिंह, रिंकू घोष, अवधेश मिश्रा वगैरह.
  • ससुरो कबो दामाद रहल के डबिंग शुरु हो गइल बा. निर्माता शिवकुमार गुप्ता. निर्देशक शैलेश श्रीवास्तव. मुख्य कलाकार गुड्डू रंगीला, शक्ति कपूर, संगीता तिवारी वगैरह.
  • नाचऽ गावऽ मजा करऽ के संपादन के काम शुरु हो गइल. निर्माता शरद बागला, उमेश सिंह. निर्देशक राज कुमार बागला. मुख्य कलाकार आलोक कुमार, मोहन राठौड़, पूनम सागर वगैरह.
  • बजरंग के पोस्ट प्रोडक्शन के काम शुरु भइल. निर्माता जीतेन्द्र प्रताप सिंह. निर्देशक नंद किशोर महतो. मुख्य कलाकार पवन सिंह, अक्षरा सिंह, संजय पाण्डेय वगैरह.
  • तोहरे बिना भी का जीना के निगेटिव कटिग के समारोह मनावल गइल. निर्माता जय प्रकाश यादव. निर्देशक मनोज एस तोमर. मुख्य कलाकार कुणाल सिहं, संजय यादव, अनारा गुप्ता वगैरह.

शूटिंग

  • वेस्ट विंड फिल्म्स प्रस्तुति रंगबाज राजा के शूटिंग के काम पूरा हो गइल बा. शूटिंग मुंबई में करावल गइल. निर्माता भूपेश्वर त्यागी. निर्देशक अरविन्द चौबे. मुख्य कलाकार पवन सिंह, उर्वशी चौधरी, संगीता तिवारी वगैरह.
  • जलाराम प्रोडक्शन के फिल्म कमाल कइलऽ राजा खातिर हालही में संभावना सेठ पर एगो स्पेशल गाना के शूटिंग करावल गइल. निर्माता रमन नैय्यर. निर्देशक चन्द्रसेन सिंह. मुख्य कलाकार रविकिशन, तुलिप सिंह, सुरेन्द्र पाल वगैरह.
  • प्रेम लगन के शूटिंग शुरु हो गइल बा. निर्माता रामाकांत प्रसाद. निर्देशक नीतेश सिंह निर्मल. मुख्य कलाकार अजीत आनन्द, पूजा सिंह, जफर खान वगैरह.

शूटिंग से पहिले

  • राजीव दिनकर अभिनीत जइसन करनी वइसन भरनी खातिर लोकेशन हंटिग कर लिहल गइल. अब शूटिंग जल्दिये शुरु होखी. निर्माता पी॰ राकेश. निर्देशक करन लकी. मुख्य कलाकार आदित्य ओझा, काजल राघवानी, राजीव दिनकर वगैरह.
  • साला मैं तो साहब बन गया खातिर पवन सिंह के साइन कइल गइल. निर्माता मुकेश कुमार आ अजयपाल सिंह. निर्देशक मुकेश कुमार.

चलते चलत इहो जान ली

  • प्यार जिन्दाबाद के म्यूजिक वीनस पर रिलीज कइल गइल. संगीत निर्देशक सिद्धार्थ श्रीवास्तव. निर्माता श्रीकाशी. निर्देशक मोहन राव. मुख्य कलाकार पंकज केसरी, सेजल शर्मा, सारा वगैरह.
  • बागी अगस्त में रिलीज हो रहल बा. निर्माता एआरएस सरकार, शकील खान आ मंसूर आजमी. निर्देशक एआरएस सरकार. मुख्य कलाकार अजय दीक्षित, रानू पाण्डेय, विजय खरे वगैरह.
  • औलाद के एक्सक्लूसिव प्रोमो बिहार आ यूपी के टीवी चैनलन पर देखावल शूरु हो गइल बा. फिल्म आठ जुलाई के रिलीज होखे वाला बा. निर्माता दिनेश लाल यादव निरहुआ, निर्देशक असलम शेख. मुख्य कलाकार निरहुआ, प्रवेशलाल, पाखी हेगडे, शुभी शर्मा वगैरह.

(स्रोत – प्रशान्त निशान्त, शशिकान्त सिंह, समरजीत, उदय भगत, व अन्य)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up