भोजपुरी सिनेमा के स्वर्ण जयन्ती साल में निरहुआ के तोहफा

by | Jun 25, 2011 | 1 comment

भोजपुरी सिनेमा के पचास साल पूरा हो चुकल बा आ एह गोल्डन जुबिली का मौका पर निरहुआ का तरफ से भोजपुरिया दर्शकन खातिर तोहफा बन के आ रहल बा निरहुआ इंटरटेनमेंट के औलाद. पूरा परिवार एक साथे बइठ के देख सको अइसन फिल्म भोजपुरी में आजुकाल्ह बनते नइखी स. अइसनका माहौल में एगो पूरा तरह से पारिवारिक फिल्म बावे औलाद जवना के देख के भोजपुरियन के अपना भोजपुरियत पर गर्व होई.
औलाद के निर्देशन असलम शेख कइले बाड़न. एह फिल्म में बेटा आ बेटी का बीच के भेदभाव आ कन्या भ्रूण हत्या जइसन मसला उठावल गइल बा. दू भाईयन के आपसी प्यार, महतारी बेटा के प्यार देख के दर्शक भावुक हो जइहे. साथ ही फिलिम में पारंपरिक रूप से गाँवन में गाए जाए वाला कुल दस गो गीत शामिल बाड़ी सँ जवना में सोहर डोमकच पूरबी समेत हर रस के गीत बा.
के के सिंह के लिखल संवाद दर्शकन के ताजा हवा के झोंका माफिक बुझाई. गीत विनय बिहारी, प्यारेलाल कवि, आ श्याम देहाती के लिखल बाड़ी स. संगीत दिहले बाड़े राजेश रजनीश. फिल्म के कलाकारन में दिनेशलाल यादव निरहुआ, प्रवेश लाल यादव, पाखी हेगडे, शुभी शर्मा, मनोज टाइगर, अवधेश मिश्रा, अनिल यादव, संजय पांडेय, ए के राय, किरण यादव वगैरह के नाम बा.
फिल्म पूरा देश में आठ जुलाई के रिलीज होखे जा रहल बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

Loading

1 Comment

  1. DINESH CHANDRA GUPTA

    ”भोजपुरी सिनेमा के स्वर्ण जयन्ती साल में निरहुआ के तोहफा”
    BAHUT-BAHUT DHANYBAD

    DINESH CHANDRA GUPTA
    A/P- VIDYA BHAWAN NARAIANPUR
    DIST- BALLIA UP-277213
    9830905865

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up