pub-4188398704664586

भोजपुरी सिनेमा खातिर सगुनिया बाड़ी किरण यादव

by | Oct 29, 2012 | 0 comments

भोजपुरी फिलिमन ला किरण यादव के सगुनिया मानल जाला. जवने फिलिम में ई महतारी बनेली ऊ फिलिम सुपर डुपर हिट हो जाले. ‘निरहुआ रिक्शावाला’, ‘साजन चले ससुराल’, ‘सौगंध गंगा मईया के’, ‘मुन्ना बजरंगी’ आ ‘औलाद’ एकर प्रमाण बा.

35 से अधिकका फिलिमन में काम कर चुकल किरण यादव ‘दरोगा बाबू आई लव यू’, ‘राजा भोजपुरिया’, ‘कन्या दान’ फिलिमन से आपन अलग पहचान बनवली. मूलतः बनारस के रहे वाली किरण यादव के नइकीओ फिलिम, ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’, एह घरी सफलता के डंका बजावत बिया. एकर निर्देशक हउवन दिनेश यादव. इनकर ‘रिक्शावाला आई लव यू’ फिलिमो के दर्शक बहुते पसंद कइले बाड़ें. किरण यादव भोजपुरीए ना, हिंदीओ फिलिमन में कामयाबी बरसवले बाड़ी. एह हिन्दी फिलिमन में खास बा ‘गैंग ऑफ वासेपुर’.

किरण यादव के सिनेमा भोजपुरी के निरुपा राय कहल जाला बाकि किरण के कहना बा कि उनुकर निरुपा राय भा राखी क रूप में पहचान बने एहले बेसी खुशी एहसे मिली कि लोग उनुका के किरणे का रूप में जानसु.

किरण यादव के आवे वाली फिलिमन में ‘दूध का कर्ज’, ‘लहू के दो रंग’, ‘बगावत एक आग’, ‘सईयां अरब गईले ना’ शामिल बाड़ी सँ. फिलहाल अतना त तय बा कि भोजुपरी सिनेमा निर्माता किरण के पारस मानेलें.

किरण यादव के पति तेज बहादुर बनारस में आकाशवाड़ी से जुड़ल बाड़ें आ बेहतरीन अभिनेता का साथे साथ सिद्धांतो के पकिया हउवन. कहेलें कि ऊ जवना फिलिम में काम ना करसु ओकरा सेट पर ना जासु.


(शशिकांन्त सिंह रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586