भोजपुरी से नाता कबहू ना टूटी – दोहरवलें रवि किशन

by | May 5, 2012 | 2 comments

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन मीडिया में आवत ओह खबरन के खंडन कइले बाड़न जवना में उनुका बारे में कहल जात बा कि ऊ भोजपुरी फिलिमन से पूरा तरह नाता तूड़ लिहले बाड़े. अनेके चैनल आ अखबारन में छपल प्रसारित अइसन खबरन से दुखी रवि किशन अपना बयान में कहले बाड़न कि भोजपुरी फिलिम छोड़े के त ऊ सोचिए ना सकसु. कहलन कि दादा साहब फाल्के अकेडमी अवार्ड समारोह में ओ कहले रहन कि भोजपुरी में बढ़िया कहानी आ पटकथा के कमी बा जवना चलते ऊ अनकस में बाड़ें एहीसे कमे फिलिम करे के तय कइले बाड़न. रवि किशन का मुताबिक ऊ रूटीन जइसन काम करत थाक गइल बाड़न. बाकिर एकर मतलब ई मत निकालल जाव कि ऊ भोजपुरी फिलिम कइले छोड़ दीहें.

रवि किशन दोहरवलें कि फिलहाल ऊ एक दर्ज़न भोजपुरी आ एतने हिंदी फिलिमन में काम करत बाड़े. कहलन कि भोजपुरी फिलिमन के हमेशा माई के हाथ के बनल खाना मनले बाड़न आ अइसना में भोजपुरी छोड़े के बात महज अफवाह आ कोरा बकबास के अलावा कुछ दोसर नइखे.

बतावत चलीं कि पिछला दिने सिलवासा में अपना भोजपुरी फिल्म “साली बड़ी सतावेली” क शूटिंग पूरा करा के आजुकाल्हु रवि किशन निर्माता आलोक कुमार क भोजपुरी फिल्म “गंगा जमना सरस्वती” के शूटिंग में व्यस्त बाड़े.


(उदय भगत के रपट)

Loading

2 Comments

  1. Devanand

    how are you

  2. Devanand

    h!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!!11 ravi

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up