भोजवुड का दुनिया से कुछ खबर संक्षेप में

by | Oct 9, 2011 | 1 comment

  • भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी के फिल्म “बंधन टूटे ना” के हरियाणा में चलत अंतर्राष्ट्रीय फिल्मोत्सव में शामिल कइल गइलबा. एह फेस्टिवल में इंगलैण्ड, जर्मनी, रोमानिया, रूस आ कोरिया समेत सत्तर देश के फिलिम देखावल जाई. भोजपुरी के अकेला फिल्म बंधन टूटे ना के एह महोत्सव में शामिल कइल गइल बा. चंडीगढ़ से नब्बे किलोमीटर दूर यमुनानगर में चलत एह फेस्टिवल में मनोज तिवारी के मुख्य अतिथि का रूप में बोलावल गइल बा. (शशिकांत सिंह)
  • हिन्दी उपन्यास पर बनल भोजपुरी फिल्म “सईयाँ ड्राइवर बीबी खलासी” भोजपुरी सिनेमा में एगो नया दौर चलावे के कोशिश करी जवना से कि फिलिमन के कथा, पटकथा आ संवाद के स्तर सुधारल जा सके. रामधारी सिंह दिवाकर के लिखल उपन्यास “माखनपोखर” पर एह फिल्म के कहानी आधारित बा. मुख्य भूमिका रिंकू घोष आ नवोदित अभिनेता अनुज गुप्ता के बा.(प्रशान्त निशान्त)
  • एह नवरात में माहिया इंटरटेनमेंट के अलबम “जय माँ वैष्णवी” रिलीज भइल. एह हिन्दी वीडियो अलबम में गीत अदालत साहिल के लिखल आ संगीत अनुराग सिन्हा के सजावल ह. निर्देशन अनिल राज कइले बाड़न. अलबम में कुल आठ गो गाना बाड़ी सँ.(रंजन सिन्हा)
  • भोजपुरिया सिनेमा के मशहूर निर्माता कंपनी आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के जलवा एहु साल बरकरार लउकत बा. एह कंपनी के एह साल दिलजले, दुश्मनी, लड़ाई ल अँखिया ए लौंडे राजा सुपर हिट रहली सँ त गुंडईराज के गिनिती हिट फिल्मन में भइल. “मर्द नं एक” फिल्मो बढ़िया बिजनेस कर देखवलसि. एह घरी आदिशक्ति के रविकिशन अभिनीत आ राजकुमार पाण्डेय निर्देशित फिल्म “पियवा बड़ा सतावेला” फ्लोर पर बा.(प्रशान्त निशान्त)
  • भोजपुरी निर्माता लोग के शिकायत रहेला कि औरत सभ फिलिम देखे ना आवेली. बाकिर पिछला दिने एह शिकायत के झूठिलावत मेहरारूवन के बड़हन भीड़ छपरा के शिल्पी सिनेमा पर जुटल जहाँ “कभी आवे ना जुदाई” के प्रदर्शन होखे वाला रहे. सबेरे साढ़े आठ बजे से फिल्म के प्रदर्शन शुरू भइल रहे तबहियो ई भीड़ जुटल. एह फिल्म में पहिला बेर भोजपुरी सिनेमा में रेड वन कैमरा के इस्तेमाल भइल बा. निर्देशक विवेक कुमार राव के एह फिल्म के मुख्य कलाकार बाड़े पंकज केसरी, प्रियंका पाठक, सेजल शर्मा, रजा मुराद, इसरत अली आ विनय बिहारी जइसन सधल कलाकार. एह फिल्म के निर्मात्री प्रिया भट्टाचार्य के कहना बा कि ई फिलिम भोजपुरी सिनेमा के खराब बन गइल छवि के तूड़ी आ लोग परिवार संगे भोजपुरी फिलिम देखे आवे लागी. (शशिकांत सिंह)
  • भोजपुरी के स्टार अदाकारा अक्षरा सिंह महबीर बैनर तले बने जा रहल फिलिम “महारानी” में महारानी के माथ भूमिका करीहें. पिछला दिने एकर घोषणा निर्माता रामानन्द चौधरी मुंबई में कइलन. विराज भट्ट फिल्म के नायक रहीहें. फिल्म में नौ गो गीत बाड़ी सँ जवना के रिकार्डिंग करावल जा रहल बा. फिल्म के शूटिंग बिहार आ युपी में करावल जाई.(संजय भूषण पटियाला)
  • मनोहर एस झा के भोजपुरी फिल्म “मेहरारू चाहीं मिल्की व्हाइट” के शूटिंग पूरा हो गइल बा आ अब एहपर पोस्ट प्रोडक्शन के काम हो रहल बा. एह रोमांटिक पारिवारीक फिल्म में रानी चटर्जी आ प्रियेश सिन्हा मुख्य कलाकार बाड़े आ एकर पूरा शूटिंग मुंबईये में करावल गइल बा. एकर दू गो आयटम नम्बर सीमा सिंह आ पुर्णिला राय पर फिल्मावल गइल बा.(संजय भूषण पटियाला)
  • इंडस सिने प्रोडक्शन प्रा॰लि॰ का बैनर में निर्माता जय विजय सिंह, अरुणेश आ अनिल कुमार त्रिवेदी के फिल्म “दामाद चाहीं फोकट में” जल्दिये रिलीज होखे वाला बा. एकर निर्देशन कइले बाड़न बाल किशन सिंह. एकर आठ गो गीत सतीश तिवारी आ महेश कुमार के लिखल बा जवना के संगीत दिहले बाड़े के॰रत्नेश. बाल किशन सिंह का निर्देशन में बने वाली ई पहिला फिलिम हवे. उनुकर दोसरकी फिल्म “गबरूआ भाग गइल” बने वाला बा. दामाद चाहीं फोकट में के मुख्य कलाकार हउवें विनय आनन्द, नैना ओम, राजेश सिंह, श्वेता मिश्रा, सोनम अरोड़ा वगैरह.(संजय भूषण पटियाला)
  • अंडरवर्ल्ड डॉन दाउद इब्राहिम आ छोटा राजन के दुश्मनी अब भोजपुरियो सिनेमा का परदा पर देखावल जाई. एह फिल्म के नाम बा “दंगल” जवना के मुहुर्त पिछला दिने मुंबई का अंधेरी में चारबंगला, म्हाडा में करावल गइल. मकबूल आ दिवाकर कुमार के बनावल एह फिलिम के निर्देशन करीहें श्रीधर शेट्टी. अंडरवर्ल्ड डॉन का भूमिका में विनय आनन्द बाड़न.मकबूल के कहना बा कि अबहीं फिल्म खातिर रिसर्च हो रहल बा आ ओकरे पर फिल्म आधारित होखी. शूटिंग यूपी आ बिहार में करावल जाई. (शशिकांत सिंह)
  • एह नवरात्रि में भोजपुरी मेगास्टार आ लोक गायक मनोज तिवारी “मृदुल” के नया अलबम “माता ने बुलाया है” के लांचिंग दिल्ली के छतरपुर धाम में एगो धार्मिक कार्यक्रम में कइल गइल. एह अलबम में मनोज तिवारी का साथे प्रमोदो पाण्डेय के आवाज बा. एह अलबम के शूटिंग बनारस में भइल रहे. बिकॉन म्यूजिक एह अलबम के देश के हर कोना आ विदेश तकले पहुँचवले बा.(शशिकांत सिंह)

पिछला कई दिन से अतिव्यस्तता का चलते नया सामग्री समय पर ना दिहल जा सकल रहे. अब या त ऊ सगरी सामग्री छोड़ दिहतीं या एह तरह संक्षेपे में सही बाकिर रउरा सभ का सामने परोस दीं, इहे विकल्प रहे. एहहालाता में हम एह विकल्प के चुनले बानी. जइसहीं खबरन के बैकलाग खतम हो जाई फेर से विस्तार में खबर दिहल शुरू कर दिहल जाई.

Loading

1 Comment

  1. NAVJOT KUMAR KARN

    manoj tiwari is no.1 actor and singer of bhojpuri cinema

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up