मल्टीओप्लेक्स में हाउसफुल भइल ‘केहू हमसे जीत ना पाई’

by | Nov 8, 2011

पहिला हाली कवनो भोजपुरी फिलिम उत्तर प्रदेश के मल्टीप्लेक्स में देखावल जात बा जवना के दर्शक भरपूर स्वागत कइलन आ फिल्म हाउसफुल रहल. ई फिल्म हवे भोजपुरी के चर्चित फिल्म ‘केहू हमसे जीत ना पाई’. जब एकर प्रदर्शन गोरखपुर के सिटी मॉल सिनेमा में कइल गइल त दर्शकन के भारी भीड़ सबेरहीं से जमा हो गइल रहे आ हर केहू ई देखे के बेताब रहल कि मल्टीप्लेक्सन में भोजपुरी सिनेमा कइसन लागी.

एह फिल्म के निर्माण डा. विजाहत करीम आ सुरोहिता करीम कइले बाड़न आ निर्देशन एम.आई. राज. देशभक्ति आ सेना के कारनामा पर बनल ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ में देश के दुश्मन के नापाक क़दम के रोकत लउकीहें पूरा एक दर्जन स्टार. भोजपुरी के अब तकले के सबले बड़हन आ लीक से हटके बनल एह फिल्म के शूटिंग गोरखपुर में भइल रहल.

एह फिल्म में सुपर स्टार रवि किशन आ रिंकू घोष के जोड़ी ‘बिदाई’ आ ‘बलिदान’ का बाद एक बेर फेर सामने आइल बा. एह जोड़ी का अलावा एहमें सुशील सिंह, मनोज टाईगर, मोहित घई, राजीव दिनकर, महेश राजा, हितेन्द्र पांडे, प्रतिभा पांडे, स्वाती वर्मा, कोमल ढिल्लन, श्रीकनकनी, अयाज खान, अरुण बख्शी, दीपा ग्रेवाल, प्रमिला आ शाहबाज खान के मुख्य भूमिका बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up