यू ट्यूब आ फेसबुक पर हैदर काजमी के ‘कालिया’ क हंगामा

by | Jun 10, 2012 | 0 comments

अपना फिल्म रंगबाज से चरचा में आइल हैदर काजमी के नयकी फिलिम ‘कालिया’ एह घरी भोजपुरी वर्ल्ड में हॉट केक बनल बिया. एह फिल्म के अबही ले तीन गो लुक जारी हो चुकल बा आ तीनों अपना आप में लाजवाब बाड़ी सँ. पहिला प्रोमो ऑन एयर भइल त इंटरनेट, यू ट्यूब आ फेसबुक पर हैदर काजमी के ढेरहन बधाई मिले लागल बा. कुछ लोग त विदेशो से आपन बधाई भेजत बा. कालिया के संगीत नरजिस म्यूजिक पर जारी भइल बा आ गाना सब जम के हिट भइल बाड़ी सँ.

कालिया फिल्म के शूटिंग जहानाबाद में कइल गइल आ एहमें हैदर काजमी के नायिका बनल बाड़ी अक्षरा सिंह. एकरो निर्देशक शिवरामे यादव बाड़ें जिनकर निर्देशित ‘रंगबाज’ सफलता के रिकार्ड बनवले रहुवे. अनिल यादव आ बालेश्वर सिंह एह फिलिम के मुख्य खलनायक बाड़ें. कहानी खुद शिवराम यादव के लिखल आ निर्माण कंपनी एस.सी. डिजिटल प्रा. लि. हवे.

‘कालिया’ के कलाकारन में हैदर काज़मी, अक्षरा सिंह, सी.पी. भट्ट, राकेश यादव, सुमित बनर्जी, पूजा यादव, कृष्ण मुरारी, शैलेश सिंह राणा, सुषमा सिन्हा, निलोफर, राम मिश्रा, अलीशा, विपिन सिंह, बालेश्वर सिंह आ अनिल यादव शामिल बाड़ें.

संवाद मनोज पांडे के लिखल आ गीत अरविंद तिवारी के लिखल, संगीत से सजवले बाड़न एग्नेश, कैमरासंचालन मनीष के. जैन के रहल, को-प्रोड्यूसर हउवें मुशर्रफ अहमद, एसोसिएट प्रोड्यूसर ए.एच. काजमी, ध्वनिमुद्रण सलीम खान कइले बाड़न, आ कला निर्देशन आशीष कोलटे.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up