‘रंगबाज’ अउर ‘कालिया’ के जरिये सिनेमा के दुनिया में आपन ठेठ भोजपुरिया रंगबाजी देखा चुकल हैदर काजमी अब ‘अंगार’ बनके फेर आपन जलवा देखइहें.
रंगबाज आ कालिया का तरह “अंगार” फिलिमो के निर्माण ए.एस.सी. डिजिटल प्रा.लि. करी आ निर्देशक रहीहें शिवराम यादव. कहानी खुद शिवराम यादव के लिखल ह आ संवाद मनोज पांडे के. फिल्म के बाकी कलाकार आ तकनीशियनन के चुनल जात बा. उमेद बा कि ‘अंगार’ जल्दिए सेट पर जाई.
ओने कालिया अबहियो सफलता के हंगामा मचवले बा.
(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)