pub-4188398704664586

रविकिशन एगो खतरनाक स्टंट करत कुर्सैला पुल से कूद गइलन

by | Feb 26, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन के हजारो फैन ओह समय दाँते अंगुरी दबा लिहलन जब देखलन कि ओह लोग के चहेता कलाकार रविकिशन बिना कवनो सुरक्षा केबल वायर के कटिहार के कुर्सेला पुल से नीचे कूद गइलन. निर्देशक मनीष वात्सल्य आ निर्मात्री अपर्णा होसिंग के फिल्म “जीना है तो ठोक डाल” के शूटिंग करत आखिरी दिने रहे हैं . शूटिंग के आखिरी दिन कटिहार जिला के कुर्सेला पुल से एगो एक्शन सीन खातिर रविकिशन, मनीष वात्सल्य आ राहुल ( थ्री इडियट के मिलीमीटर ) के ट्रेन के आवते पुल से कूदे के रहुवे. आम तौर पर एह तरह के सीन डुप्लीकेट पर फिल्मावल जाला आ सुरक्षा केबल के सहारा लिहल जाला. लेकिन हजारो लोग के भीड़ से उत्साहित रवि किशन एह स्टंट सीन के खुदे करे के फैसला कर लिहलन निर्माता – निर्देशक के मना कइला का बावजूद.

नीचे हजारो लोग हर हर महादेव के जयकारा लगावत रविकिशन के उत्साह बढ़ावत रहुवे आ ट्रेन आवते ऊ लोग पुल पर से छलांग लगा दिहल. बाद में रवि किशन बतवलन कि पहिले उनुका ऊँचाई से डर लागत रहुवे बाकिर हिन्दी फिल्म “लक” के शूटिंग में दस हजार फीट के ऊंचाई से पेराशूट के सहारे कूदला का बाद उनुकर डर खतम हो गइल.

बहरहाल रविकिशन के कारनामा उनुका के रियल हीरो बना दिहलसि.


(उदय भगत के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586