pub-4188398704664586

रविकिशन के बहुरुपिया किरदार

by | Jan 17, 2011 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रविकिशन के प्रशँसक अब एकही फिल्म में रवि किशन के कई गो रुप देखे जा रहल बाड़े. भोजपुरी फिल्म “रामपुर के लक्ष्मण” में रवि किशन एगो गँवई जवान, एगो नेवी आफिसर, त एगो जेन्टल मैन, ना जाने कतना रुप में नजर आवे वाला बाड़े. आ एह फिल्म में उनकर नायिको दू तीन गो ना पूरे पाँच गो बाड़ी. अक्षरा सिंह, संगीता तिवारी, गुंजन पंत, दिव्या द्विवेदी, आ अनारा गुप्ता सबही बा एह फिल्म में. कहल जात बा कि “रामपुर के लक्ष्मण एगो सस्पेंस थ्रिलर ह. फिल्म २६ जनवरी के रिलीज होखे जा रहल बा. षह फिल्म के एनसी इन्टरप्राइजेज का बैनर में चंदन सिंह बनवले बाड़े आ निर्देशन अउर कहानी हैरी फर्नांडिज के बा.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586