pub-4188398704664586

रविकिशन चौबीस घंटा लगातार काम कइले

by | Feb 20, 2011 | 0 comments


भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार अभिनेता रविकिशन संभवतः दुनिया के अकेला स्टार बाड़े जिनकर आवे वाली फिल्मन के गिनिती पचास के पार हो गइल बा. हिन्दुस्तान के लगभग हर भाषा के फिल्म में रविकिशन काम कर रहल बाड़े आ स्वाभाविक बा कि एह चलते उनुका पर काम के बोझा ढेर बढ़ गइल बा. एह चलते ऊ अकसरहाँ अठारह अठारह घंटा ले काम करतारन. बाकिर पिछला दिने हद त तब हो गंइल जब ऊ चौबीस घंटा लगातार काम कइले. भइल ई कि स्वरूप परिवार के फिल्म “संतान” के तीन दिन के शूटिंग बाकी रहे आ रविकिशन के दोसरा शूटिंग में जाये के रहे से डेट खाली ना रहे. से अपना निर्माता के रुपिया बचावे खातिर रविकिशन फिल्म के निर्देशक हैरी फर्नांडिज से राय कइलन आ तकनीशियन के दू शिफ्ट में बोलवा के चौबीस घंटा लगातार शूटिंग करवले. रविकिशन के उत्साह आ काम के प्रति समर्पण देख सभे उत्साह में रहे आ तीन दिन के काम एक दिन में पूरा हो गइल. रविकिशन का साथ फिल्म के नायिका शुभी शर्मा हई आ उहो एह दिन लगातार चौबीस घंटा काम कइली.


(स्रोत – उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586