बतौर निर्देशक रवि कश्यप क नसीब जइसनो होखो बाकिर लड़िकियन का मामिला में अबले ऊ फिसड्डीए साबित भइल बाड़े. लेकिन लागऽता कि अब रवि कश्यप के नसीब अंगडाईयाँ लेत बा. ली काहे ना जब “नसीब” में आइटम का जगहा आईटम बम दाखिल हो जाव, त मामिला जमही के बा.
“नसीब” में ई आइटम बम बन के आइल बाड़ी संभावना सेठ जेहसे दिल के मरीजन के परखच्चा त उड़ही क बा. बाकिर सवाल ई बा कि खुद रवि कश्यप एह बम के सम्हरिहें कइसे ? चुलबुल पांडे के राजाजी बनाके लाइम लाईट में ले आवे के कारनामा कर देखावेवाला रवि कश्यप के दिल वइसे त बहुते मजबूत बतावल जाला. देखल जाव कि कद्रदानन के दिल हड़पे ला एह आइटम गर्ल के जुगाड़ करे वाला रवि कश्यप खुद एह “अटैक” से कइसे निबटत बाड़न ?
(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट)
0 Comments