राकेशे राकेश ओनली राकेश

by | Aug 8, 2014 | 0 comments

RakeshMisra
ई हम नइखीं कहत. हम त बस ओकर चरचा करत बानी जवन भोजपुरी सिनेमा जगत में भोजपुरी के नयका सुपर स्टार राकेश मिश्रा का बारे मेंं होखत बा. खास कर के उनकर हालिया रिलीज फिलिम ‘दीवानगी हद से’ के मिलल दर्शकन के बड़हन समर्थन का बाद. आजु चारो ओर बस राकेशे मिश्रा के चरचा बा. संगीत कंपनी मुहमांगा दाम पर राकेश मिश्रा के फिलिम खरीदत बाड़ी स आ वितरके लोग ना, महाजनो लोग आपन थैली खोल खोल के बइठल बा.

बिहार में फिलिम रिलीज भइला का बाद सोशल मीडिया पर नायक राकेश मिश्रा आ निर्देशक दिनेश यादव का बारे में बहुते पाजिटिव रिस्पांस मिलल. ट्वीटर पर लिखाइल कि भोजपुरी सिनेमा के एगो अउर सुपर स्टार मिल गइल.

राकेश के पहिला फिलिम दिनेशे यादव के निर्देशन में बनल ‘प्रेम दिवानी’ के कामयाबी का बाद ‘जब प्यार किया तो डरना क्या’ नाम के दुसरकीओ फिलिम कामयाब रहल रहे आ अब जब राकेश के तिसरकिओ फिलिम के कामयाबी उनुका के २०१४ के सुपर स्टारे बना दिहलसि.
Rakesh-PunamDubey-film-poster
राकेश मिश्रा आ पूनम दूबे के फिलिम ‘जब प्यार किया तो डरना क्या’ नेपाल में धूम थ्री फिलिमो के रिकार्ड तूड़ दिहले बावे. बिहार में ई फिलिम पहिलही कामयाबी के सेहरा बान्ह चुकल बिया. एह फिलिम के निर्माण आदि शक्ति इंटरटेनमेंट आ नवेव्यु मल्टी मिडिया के बैनर में दुर्गा प्रसाद मजूमदार आ किशन खदरिया कइले बाड़े आ निर्देशन रमाकांत प्रसाद के ह.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up