रानी लीहें रवि से बदला

by | Mar 21, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के रानी अदाकारा माने कि रानी चटर्जी, भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन से जल्दिये बदला लीहें. रउरा सोचत होखब कि आखिर का कर दिहलन रविकिशन कि रानि ओकर बदला लेबे पर उतारू हो गइली. त जान लीं कि रवि किशन रानी के “देवरा बड़ा सतावेला” आ फेर “पियवा बड़ा सतावेला” में सतवले रहले. अब ओकरे बदला निकलीहें रानी चटर्जी रविकिशन के साली बन के फिल्म “साली बड़ी सतावेली” में.

आशिक आरिफ मूवी के बैनर के तले निर्माता आशिक मोहम्मद आ आरिफ हुसैन के दिलावेज़ खान निर्देशित एह फिल्म में रवि किशन जीजा आ रानी चटर्जी साली के भूमिका बाड़ी. रिंकू घोष रविकिशन के पत्नी बनल बाड़ी. चुलबुली रानी अपना एह किरदार से बहुते उत्साहित बाड़ी आ कहत बाड़ी कि रवि किशन का साथ परदा पर उनकर केमिस्ट्री हमेशा से बढ़िया रहल बा. पियवा आ देवरा में रवि किशन उनुका के खूब सतवले रहले आ अब उनुकर बारी बा रवि के सतावे के.

एह फिल्म में रवि रिंकू रानी का अलावे फिरदौस खान, नौसाद खान, साहिल सन्नी, निरुपमा श्री, पुष्पा वर्मा, प्रिया पाण्डे मुख्य भूमिका में बावे लोग. राजेश गुप्ता के संगीत आ फणीन्द्र राव के तेरह गो गीतन से सजल एह फिल्म के गाना कैलास खेर, उदित नारायण, इंदु सोनाली, खुशबू जैन, मोहन राठौड, ममता राउत आ मनोज मिश्रा गवले बाड़न. कहानी लिखल ह आर. रंजन के आ पटकथा अउर संवाद साहिल सन्नी के.

फिल्म के शूटिंग अगिला महीना से शुरू होई.


(उदय भगत के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up