रायपुर के डांस बार में मिलली गुंजन पन्त

by | Oct 10, 2012 | 0 comments

मारे मुस्की त कुतुबमीनार हिलेला… जइसन गीत कवनो आम जगहा का बदले मौज मस्ती वाला जगहे बेसी सुनाला. आ मनमोहिनी काया के मल्लिका, भोजपुरी सिनेमा के स्टार नायिका गुंजने पंत के देख लीं. ऊ कब मुंबई से अचानक छत्तीसगढ़, रायपुर चहुँप गइली केहु के पते ना चलल आ ताज्जुब त तब भइल जब गुंजन के रायपुर के एगो डान्स बार में नाचत गावत देखल गइल. सोचे वाली बात ई बा कि आखिर गुंजन के कइसन का हो गइल कि उनुका डांस बार में ठुमका लगावे आवे पड़ल?

अब एहमें बेसी सोचे भा सवाचे के जरूरत नइखे. ऊ त ई सब बाबा का दलान इंटरटेनमेंट के बैनर में बने वाली फिलिम “कोठा” के शूटिंग करत रही जवना के निर्देशक हउवें मनोज श्रीपति झा. एह फिलिम में गुंजन एगो खोजी न्यूज रिपोर्टर बनल बाड़ी. फिलिम में इहे देखावल गइल बा कि कइसन कइसन हालात से गुजरत खबरन के आम जनता ले चहुँपावल जाला.

गुंजन बतवली कि एह किरदार के जियतार बनावे ला ऊ पन्द्रह दिन ले फाईट आ स्टंट सीखे में लगवली. काहे कि एह किरदार खातिर गुंजन के मोटर साईकल चलावल, जुर्म-अत्याचार के खिलाफ लड़ाई लड़ल आ कोठा पर रहत औरतन पर होखत जुल्मों-सितम से ओहनी के बचावहु के रहल, एह किरदार के कईएक रंग बा जवन कि एगो चुनौती रहल बाकि गुंजन तनिको नर्वस ना भइली.

मुख्य भूमिका में गुंजन पन्त का साथे नवोदित पवन कुमार झा, रिंकू घोष, धर्मेन्द्र सिंह, मोनिका बत्रा, आनंद मोहन, जय सिंह, नीलिमा सिंह आ संजय पाण्डेय बाड़ें.


(अपना न्यूज)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up