राष्ट्रीय सहारा मनलस अंजना के नंबर वन

by | Jan 12, 2013 | 0 comments

anjanaसिनेमा भोजपुरी के हॉट केक आ बॉक्स ऑफिस के रानी कहाए वाली अभिनेत्री अंजना सिंह के हासिल में एगो अउर हासिल जुड़ गइल जब राष्ट्रीय दैनिक समाचार पत्र अपना सर्वे में इनका के साल 2012 के नंबर वन अभिनेत्री मनलस. एही समूह के टीवी चैनलो उनुका के दुसरका जगहा पर रखलसि. बस दुइए बरीस में फर्श से अर्श पर पहुचल ई अभिनेत्री हाल ही में अपना फिलिमन के सिल्वर जुबली पूरवली.

राष्ट्रीय सहारा अपना नयका विशेषांक में सिनेमा भोजपुरी के लेखा जोखा प्रकाशित कइलस जवना में अंजना सिंह के साल 2012 के सबले हिट अभिनेत्री कहल गइल बा. अभिनेतन में ई खिताब मिलल बा खेसारी लाल यादव के.

एही समूह के टी वी चैनल सहारा समय बिहार पाखी हेगड़े को नंबर वन आ अंजना सिंह को नंबर टू बतवलसि. अभिनेतन में दिनेश लाल यादव निरहुआ के नंबर वन आ खेसारी लाल के नंबर टू मनलस.

अभिनेत्री अंजना सिंह खुश बाड़ी कि अब समाचारो पत्र उनुका के प्रमुखता देबे लागल बाड़ें. एह नंबर गेम के खारिज करत अंजना सिंह कहली कि पाखी हेगड़े, रानी चटर्जी आ मोनालिसा उनका से सीनियर आ उम्दा कलाकार हईं आ रहीहें. ओह लोग से हमेशा कुछ ना कुछ सीखे के मिलत रहेला.


(उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up