रिंकू घोष के दिहल गइल बेस्ट क्लासिकल एक्ट्रेंस सम्मान

by | Mar 27, 2012 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के ड्रीम गर्ल रिंकू घोष के नयी दिल्ली का द्वारिका में आयोजित छठवां विश्व भोजपुरी सम्मलेन में बेस्ट क्लासिकल एक्ट्रेस सम्मान से सम्मानित कइल गइल. सम्मान कुणाल सिहं का हाथे दिहल गइल. पू्र्वांचल एकता मंच का तरफ से आयोजित एक समारोह के संचालन मनोज भावुक आ श्वेता तिवारी कइली.

दर्शकन का दिल में जगह बना लिहली रिंकू घोष

भोजपुरी सिनेमा के अनेके हीरोइन कैरियर बनावे का फेर में देह देखाके आ ग्लैमरस अउर बोल्ड किरदार से सुर्खी बटोरे ली. कुछ फिलिमन ले त ई चलि जाला बाकिर आखिरकार टिकेला उहे जेकरा में सेक्सी लुक आ ग्लैमर का साथे-साथ अदाकारियो के क्षमता रहेला. रिंकू घोष अइसने अभिनेत्रियन में गिनल जाली. ऊ एक्सपोजर से अधिका अपना एक्टिंग से दर्शकन का दिल में अपना ला जगह बनवले बाड़ी. एह मायने में रिंकी बहुते सफल रहल बाड़ी. फिल्म ‘बिदाई’ खातिर बेस्ट एक्ट्रेस के अवार्ड मिलल त बिहारी अस्मिता सम्मानो से नवाजल गइली. दिनेश लाल यादव का साथे ‘सात सहेलियां’, रवि किशन का साथे ‘बलिदान’, पवन सिंह का साथे ‘गठबंधन प्यार के’ अउर मनोज तिवारी का साथे फिल्म ‘अंधा कानून’ के ज़रिये लाईम लाईट में बनल रहली.

एह साल भोजपुरी सिनेमा के ई ड्रीम गर्ल रिंकू घोष ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ से मुंबई में शानदार आगाज कइली. एह फिल्म में उनुकर ग्लैमरस लुक पर हर दर्शक फिदा होके रहि गइल. रिंकू घोष के साल 2011 में आइल फिल्म ‘सईयां ड्राईवर बीबी खलासी’ बाक्स आफिस पर त ना चल पावल बाकिर उनुका अदाकारी खातिर बहुते तारीफ बटोरलसि. पहिला कवनो समीक्षा में बिहार के पत्रकार कवनो भोजपुरी फिलिम के चार गो स्टार दिहलन. चर्चित स्टार कुणाल सिंह के कहना रहल कि रिंकू घोष मौजूदा दौर के पद्मा खन्ना आ कुमकुम हई.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up