सुपर स्टार विनय आनंद स्टारर भोजपुरी फिलिम ‘लक्ष्मण रेखा’ बिहार में सुपर हिट भइला का बाद अब मुम्बईओ में गजब के कलेक्शन बटोरत बावे. मुम्बई में जबरदस्त ओपनिंग मिलल एकरा आ एकरा के सुपर डुपर हिट बतावल जात बा. फिलिम के सफलता से विनय आनंद बहुते खुश बाड़न.
फिलिम पूरा तरह से भारतीय संस्कृति आ भोजपुरिया संस्कार परोसत बिया आ समहर स्वस्थ पारिवारिक मनोरंजन करे वाली फिलिम बिया.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)