लाईव शो में व्यस्त बाड़न मनोज तिवारी

by | Dec 13, 2012 | 0 comments

manoj-mridulसिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी आजु कला्हु लगातार लाईव शो में व्यस्त बाड़े. हाल ई बा कि सबेरे एक शहर में त सँझिया दोसरा शहर में लाईव शो करत नज़र आवत बाड़े. पिछला दिने बिहार के औरंगाबाद में चर्चित उमगेश्वरी मंदिर में पहुंचले आ मां उमगेश्वरी के दर्शन पूजन कइलन. फेर रात में मां उमगेश्वरी महोत्सव में शामिल भइलन. एह बारे में बतावत मनोज तिवारी कहले कि माता उमगेश्वरी मंदिर वाला पूरा इलाका नक्सल प्रभावित ह. ओहिजे पांच दिसम्बर के रात में आयोजित कार्यक्रम में आस-पास के गांवन के करीब दू लाख लोग के भीड़ जुटल रहे उमगेश्वरी माता महोत्सव कार्यक्रम में. एहमें मनोज तिवारी के लगातार पांच घंटा गीत गावे पड़ल जबकि ऊ हमेशा दू अढ़ाई घंटे के कार्यक्रम करेले. सोचले रहले कि अउरिओ कलाकार आइल होखीहे से अपना टीम के गायकन के संगे ना ले गइल रहलन. ओहिजा जब मालूम भइल कि अकेलही गावे क बा त मजबूरन पाँच घंटा ले गावे पड़ल. काहे कि बेहिसाब भीड़ के निराश ना कइल जा सकत रहे. हालांकि मजमा सम्हारे ला दू अढ़ाई सौ सिपाहीओ मौजूद रहले.

कार्यक्रम के बाद सबेरे उठलन त पहाड़ क सुन्दरता देख हैरान रह गइले. माता उमगेश्वरी के दर्शन करे चललन त संगे पांच-छः हजार लोग के जत्था चल पड़ल. लागल कि ओहमें कुछ नक्सलिओ शामिल बाड़े. मंदिर तक जाए में करीब दो हजार सीढ़ि चढ़े पड़ेला. करीब 400 सीढि चढ़ला पर एगो भव्य सूर्य मंदिर के दर्शन भइल. माता उमगेश्वरी के मंदिर में प्रतिमा एगो पत्थर का नीचे दबाइल बा आ ओह पत्थर के आकार शेषनाग जइसन लागेला. एहीजा आ के मनोज तिवारी कुदरत के चमत्कार पर सोचे लगलन. उमगा पहाड़ पर कुल 52 गो मंदिर बा, तालाबो बावने गो बा आ गांवो में 52 गो टोला बा. एहिजा के तालाबो 52 बीघा में बा. अब एह 52 के रहस्य जाने ला मनोज तिवारी दुबारा ओहिजा जाइल चहीहें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up