pub-4188398704664586

लोटन के आत्मविश्वास के सलाम कइलन मनोज तिवारी

by | Apr 26, 2012 | 0 comments

विकलांग लोटन शायदे कबो सोचले होखी कि ओकर मुराद पल भर में पूरा हो जाई. माता वैष्णों देवी के गीतन पर ओकर थिरकत गोड़ देख जब मनोज तिवारी आपन गीत बीचे में रोक लोटन के स्टेज पर बोलवलन त लोटन के खुशी के ठिकाना ना रहे. स्टेज पर अवते ऊ पहिले त जम के नाचल शुरू कइलसि. गाना में मगन लोग के ध्यान जब लोटन के गोड़ पर पड़ल त लोग हकबक रहि गइल काहे कि लोटन के एके गो गोड़ रहे. आपन एगो गोड़ गवाँ चुकल लोटन जवना आत्म विश्वास से लबरेज स्टेज पर नाचत रहल ओहके देख सगरी दर्शक ताली बजावे लगलन. पूछला पर लोटन बतवलसि कि ऊ इस्माइलपुर सुल्तानपुर के लोटन पासवान ह. ऊ ढेर देर से शामियाना में लगावल बड़का स्क्रीन पर मनोज तिवारी के देख खुशी से नाचत रहुवे. एह बीच ओकरा के देख जब मनोज तिवारी ओकरा के मंच पर बोलवलन त ऊ फूले ना समाइल. ओकरा लागल कि ऊ कवनो बड़का हासिल पा लिहलसि.

ई घटना ह वेयर्ड इंडिया लिमिटेड कंपनी का ओर से आयोजित म्युजिकल प्रोग्राम के. लोटन के मंच पर आवते जब वादक कलाकार “चढ़ गया उपर रे अटरिया पर लोटन” बजावल त सभे झूम उठल. मनोज तिवारी ओकरा मुस्कान आ आत्मविश्वास के सलाम ठोकलन त दर्शक अउरी जोर से ताली बजवले. बाद में लोटन के उपहार दे के सम्मानित कइलन मनोज तिवारी आ कहलन कि एकरा से सिखला के जरूरत बा कि आदमी ठान लेव त कुछऊ मुश्किल नइखे. बाद मे मंच पर अपना बगल में कुर्सी पर बइठा के मनोज तिवारी ओकरा से कुछ देर बतियइबो कइलन आ मनोज तिवारी के ई भाव देख श्रोतो सभ जम के ताली बजवले.


(शशिकांत सिंह रंजन सिंहा के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586