वर्षा उषागांवकर लिहली रिंकू घोष के टेलीविजन इंटरव्यू

by | Jul 11, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के नंबर वन अदाकारा रिंकू घोष का नामे एगो अउरी पहल जुड़ गइल जब कवनो समाचार चैनल खातिर कवनो भोजपुरी अदाकारा के इंटरव्यू लिहल गइल. इंटरव्यू लेबे वाला वर्षा उषागाँवकर खुद हिन्दी आ मराठी सिनेमा के जानल मानल अदाकारा हई. पिछला दिने वर्षा उषागांवकर समाचार चैनल टी.वी. 9 के सफल शो ‘स्वीट होम’ खातिर रिंकू घोष के इंटरव्यू लिहली. एहसे पहिले एह शो खातिर वर्षा उषागांवकर मुंबई के पूर्व महापौर डा. शुभा राउल, डॉली बिन्द्रा, मधुशाह, पूर्वी जोशी, पूजा बेदी, आकृति कक्कड़, श्रद्धा शर्मा, कश्मीरा शाह के इंटरव्यू कर चुकल बाड़ी.

वर्षा उषागांवकर ‘स्वीट होम’ में रिंकू घोष के कुछ राजो खोल दिहली. जइसे कि बचपन में रिंकू घोष कइसन रहली. वर्षा उषागांवकर के सवालन पर रिंकू बेबाक तरीका से दिल क बात जुबां पर लावत गइली. ई शो ओह औरतन पर आधारित बा जे बिना कवनो गॉड फादर के सहारा लिहले आपन जगहा खुद बनवले होखे आ कामयाबीओ पवले होखे.

वर्षा उषागांवकर रिंकू घोष से हिंदी, टेलीविजन आ भोजपुरी सिनेमा के अभिनय यात्रा आ उनुका व्यवहारो पर सटीक सवाल पूछली आ रिंकू घोष ओह सवालन के बिना कवनो लाग लपेट के जवाबो दिहली. एह शो खातिर रिंकू घोष के खास तौर पर टीवी 9 के अंधेरी कार्यालय में बोलावल रहली जहाँ सवाल जवाब के सिलसिला चलल.

रिंकू घोष का बारे में इहो बतावे जोग बा कि ऊ पहिलका भोजपुरी नायिका हई जिनका फिल्म फेयर पत्रिका में फीचर कइल गइल. रिंकू लगभग हर साल सर्वश्रेष्ठ भोजपुरी अदाकारा के अवार्डो जीतत आइल बाड़ी. अब वर्षा उषागांवकर के लिहल इंटरव्यू भोजपुरी सिनेमा ला एगो बड़हन उपलब्धि मानल जात बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up