विक्रांत अउर कल्पना शाह के तकदीर

by | Mar 2, 2012 | 0 comments

निशू फिल्म्स इंटरटेन्मेंट के बैनर तले बनत भोजुपरी फिल्म ‘तकदीर’ के शूटिंग 18 मार्च से बक्सर आ बलिया में कइल जाई. एह फिल्म में विक्रांत अउर कल्पना शाह एक साथ नजर अइहे. महुआ टी. वी. पर प्रसारित धारावाहिक “स से सरस्वती” के नायिका अमर ज्योति एह फिल्म में अहम किरदार में बाड़ी. फिल्म पूरा तरह से पारिवारिक आ कॉमेडी से भरल बा. एहमें नौ गो गाना बा जवना के उदित नारायण, इंदू सोनाली, कल्पना, अमर आनंद, आ प्रियका सिंह के आवाजन में रिकार्ड करावल गइल बा.

लेखक निर्माता बी. के. सिन्हा, पटकथा संवाद आलोक रंजन, निर्देशक आकश योगी, संगीत अघोष घायल, गीत बी. के सिन्हा, अघोष घायल, नृत्य संजय के. के. शांदिल इशान, फाइट सिंग इज किंग, आर्ट रवि भूषण, आ छायांकन महेन्द्र पटेल के बा.

मुख्य कलाकारन में कुणाल सिंह, कल्पना शाह, कुंवर विक्रांत सिंह, राहुल सिंह अमर ज्योति, आनंद मोहन, दिलीप सिन्हा, निलिमा सिंह, गोपाल राय, भरत शर्मा व्यास, रवि रंजन, सुमंती बनर्जी, हरी शरण, आशा सिंह, लवि श्रीवास्तव, प्रीति सिंघानिया वगैरह लोग बावे.


(संजय भूषण पटियाला के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up