भोजपुरी के एक्शन सितारा विराज भट्ट आ हॉट अदाकारा सुप्रेणा सिंह के जबरदस्त रोमांस मशहूर निर्माता निर्देशक रमाकान्त प्रसाद के जल्दिए रिलीज होखे जात फिल्म ‘जानवर’ में देखे के मिली. एह फिल्म में विराज आ सुप्रेरणा पर बहुते हॉट गाना आ सीन फिल्मावल गइल बा. आदिशक्ति इंटरटेन्मेंट आ सीता आर्ट्स प्रस्तुति कुमारी माई मुवीज के बैनर तले बनल एह फिल्म में में विराज आ सुप्रेरणा का साथे गोलु, प्रिया शर्मा, तनुश्री चटर्जी, निरज राज पोडेल, दिपक सिंह, राकेश पुजारा आ अनिल यादव प्रमुख किरदारन में नजर अइहें.
गीतकार-संगीतकार अशोक कुमार दीप, लेखक सुरेन्द्र मिश्रा, सम्पादक दीपक जऊल, आ एक्शनमास्टर हीरा यादव हउवें.
(प्रशांत निशांत के रपट)
0 Comments