विराज-मोनालिसा के ‘खुद्दार’

by | Jun 28, 2012 | 0 comments

भोजपुरी के एक्शन स्टार विराज भट्ट आ हॉट गर्ल मोनालिसा के सुपरहिट जोड़ी अब ‘खुद्दार’ में नजर आई. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट प्रस्तुत आ द् एंगल क्रिएशन के बैनर तले बनल फिल्म ‘खुद्दार’ में विराज-मोनालिसा पर एक से बढ़के एक सुपरहिट गाना आ हॉट सीन फिल्मावल गइल बा. निर्माता दिनेश चौबे के एह फिल्म में विराज भट्ट रोमांस का संगही खतरनाक एक्शन अउर शानदार अभिनयो कइले बाड़न.

पटकथा-लेखक आ निर्देशक हउवें रवि सिन्हा. कोमल ढिल्लन, माया यादव, अली खान, विनोद मिश्रा, आ अवधेश मिश्रा के खास भूमिका बा. सीमा सिंह पर फिल्मावल एगो शानदार आईटम गीतो बा एहमें. संगीतकार हउवें राजेश गुप्ता, गीतकार कमल किशोर राजू, चंद्रभूषण तिवारी, संवादलेखक राजेश पाण्डेय हउवें.

एकरा के एही महीना रिलीज कइल जाई.


(प्रशांत निशांत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up