शिव आर्यन फलक ले जाए के तइयार

by | Jul 14, 2012 | 0 comments

मुम्बई जइसन मायानगरी में आपन एगो अलग पहचान बनावे आइल बिहार के शिव आर्यन अब कवनो परिचय के मुँह ना जोहसु. अपना कड़ा मेहनत आ लगन का दम पर ऊ अनेके हिन्दी धारावाहिकन में अपना अभिनय के जलवा देखा चुकल बाड़ें. बिहार के बाढ़ जिला के शिव आर्यन पटना ए एन कॉलेज से पढ़ाई पूरा कइला का बाद पटने से एम.आई.बी.एम. से हार्डवेयर कम्प्यूटर के शिक्षा लेके इंजीनीयरिंग में आपन भाग्य बनावे में लगलें. बाकिर किस्मत के कुछ अउर इरादा रहे से ऊ साल 2006 में मुम्बई आ गइलन आ रात दिन एक जस करत प्रोडक्शन हाउसन के चक्कर लगावे लगलन. बहुते कोशिश का बाद स्टार प्लस के धारावाहिक ‘राजा की आयेगी बारात’ में अभिनय करे के मौका मिलल. फेर स्टारे प्लस के “संतान” आ डी.डी. वन के ‘‘सपने में आयी सपना’’ में अहम रोल करके अपना जिला आ शहर के नाम रोशन कइलें. ओकरा बाद अनेके वीडियो एलबम आ फिलिमन के आफर खुद बखुद आवे लागल.

शिव आर्यन के पहिला हिन्दी फिल्म निर्देशक चंदन अरोड़ा के “स्ट्रैकर” रहे. ओकरा बाद निर्देशक शाह जमान शेख के ‘‘टर्न ऑफ जहेरा शेख”. आ मैथिली में ‘‘साजन के आंगन में सोलह श्रृंगार’’ में मुख्य भूमिका अदा कइलन. इहे मैथिली फिल्म अब भोजपुरी में ‘‘साजन से पिरितिया हमार’ का नाम से रिलीज कइल जात बा.

शिव फिल्म ‘‘सांवरिया तोसे लागी कैसी लगन’’ में मुख्य किरदार करत बाड़ें. एह फिल्म में पंकज केसरी, मोनालिसा आ शुभीओ शर्मा के साईन कइल गइल बा. फिल्म के शूटिंग एक अगस्त से गोरखपुर में होखे जात बा.

भोजपुरी फिल्म ‘‘दुल्हन’’ में शिव आर्यन रानी चटर्जी संगे काम करीहें त हिन्दी फिल्म ‘‘तेरा इंतजार’’, ‘‘दीदार’’, आ ‘‘लगे रहो एल’’ फिलिमो साईन कइले बाड़ें. हर तरह के रोल करे वाला शिव आर्यन खास करे के एग्री यंग मैन के किरदार कइल चाहेलें.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up