शुभी शर्मा के त चल पड़ल

by | Aug 3, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के चर्चित अभिनेत्री शुभी शर्मा के ग्लैमरस अंदाज दर्शकन के बहुते पसंद आवत बा. लोग शुभी के हालिया रिलीज फिल्म ‘हीरो’ में उनकर किरदार खुब पसंद करत बाड़ें. साथही उनका अभिनय आ नाच के बहुते तारीफ होखत बा. शुभी पर फिल्मावल ग्लैमरस गीत ‘‘गोल गोल घुमे दुनिया….’’ में उनकर अंदाज लोग के खूब नीक लागत बा.

‘हीरो’ में शुभी के किरदार पूजा नाम के लड़िकी के बा जे नायक प्रवेशलाल से प्यार करत बा. सिनेमा भोजपुरी में ‘चलनी के चालल दूल्हा’, ‘भैया के साली ओढ़निया वाली’, ‘औलाद’, ‘संतान’ जइसन हिट फिल्म देबे वाली शुभी के सिक्का ‘हीरो’ क सफलता से एक बेर फेरू भोजपुरी सिनेमा में चल निकलल बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up