pub-4188398704664586

संजय पांडे के तीन गो फिलिम ला साईन कइले जितेश दुबे

by | Nov 7, 2011

भोजपुरी फिल्म के नंबर वन खलनायक संजय पांडे एब एगो नया रिकार्ड बनवले आ पहिला बेर कवनो खलनायक के कवनो निर्माता अपना तीन गो फिलिम खातिर एके साथे साईन कर लिहलसि. तीनो के साइनिंग एमाउंटो मिल गइल.
श्रीकृष्णा क्रियेशन के बैनर तले बनेवाला एह फिलिमन के नाम रही ‘लाज’, ‘मुन्नी बदनाम भईल सईंया तोहरे खातिर’ आ एगो अउर फिलिम जवना के नाम अबहीं तय नइखे. ‘लाज’ के निर्देशित करीहें विनोद तिवारी आ एहमें रिंकू घोष, गुंजन पंत अउर अनारा गुप्ता मुख्य भूमिका में बाड़ी आ नायक बाड़े सुदीप पांडे अउर दीपक दुबे. ई फिलिम भोपाल में फिल्मावल जाई. दोसरकी फिल्म ‘मुन्नी बदनाम भईल सईंया तोहरे खातिर’ के निर्देशन करीहें अजय कुमार आ एहमें रानी चटर्जी अउर दीपक दूबे के मुख्य भूमिका रही. तिसरकी फिल्म के निर्देशक रहीहें जानल मानल निर्देशक हैरी फर्नांडीस.

संजय पांडे जितेश दूबे के फिल्म ‘बृजवा’ में अभिनय कइले रहलन आ ‘यादव पान भंडार’ में ऊ मुख्य खलनायक बाड़न. ‘यादव पान भंडार’ में भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी, गुंजन पंत, मनोज टाईगर आ विकास सिंह के मुख्य भूमिका बा. हिट पर हिट फिल्म देबे में माहिर संजय पांडे आज सगरी निर्माता-निर्देशकन के पसंद नंबर वन खलनायक बन गइल बाड़न. तीन गो फिलिम खातिर साईन कइला पर संजय पांडे कहले कि ऊनुका अबहियो यकीन नइखे होखत कि जितेश जी उनुका के अतना चाहेलें. ई त उनुकर बड़प्पन हऽ.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Scroll Up pub-4188398704664586