‘सईंया अरब गईले ना’ के संगीतमय मुहूर्त करावल गइल

by | Feb 15, 2012 | 0 comments

निर्माता अजीत श्रीवास्तव आ निर्देशक यशवंत सिंह ‘यश’ के नइकी भोजपुरी फिल्म ‘सईंया अरब गईले ना’ के संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने बहुते धूमधाम से प्लेटिनम स्टूडियो, गोरेगांव में करावल गइल त दिग्गजन के जमावड़ा लाग गइल. ज्ञानेन्द कुमार के प्रस्तुति एह फिल्म में मुख्य भूमिका निभावत बाड़े कुंवर विक्रांत सिंह आ हॉट केक बनल मोनिका सिंह बत्रा. साथ में रितिका शर्मा, अयाज खान, माया यादव आ श्वेता मिश्रा बाड़ी. नंबर वन भोजपुरी खलनायक संजय पांडे एहमें मुख्य खलनायक त डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के शानदार जलवा बावे एहमें. निर्माता निर्देशक के कहना बा कि ई लीक से हटल फिल्म होखी. एकरा गीत संगीतो पर पूरा मेहनत होखत बा.

गीतकार एस. कुमार, शंकर सैदपुरी आ अशोक सिन्हा, संगीतकार गुणवंत सेन हउवें. त्रिलोक चित्र मंदिर के बैनर तले बनत एह फिल्म के कार्यकारी निर्माता अनिल कुमार गुप्ता, दीपशिखा गुप्ता, शशांक श्रीवास्तव आ आर.पी. सिंह हउवें जबकि सहयोगी निर्माता हउवन प्रियदर्शी श्रीवास्तव ‘विक्की’. कहानी मोनिका सिंह लिखले बाड़ी आ पटकथा अउर संवाद शंकर सैदपुरी. नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी आ कैमरामैन प्रमोद पांडे हउवें.

फिल्म की शूटिंग जल्दिये जौनपुर में होखे वाला बा.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up