हिंदी सिनेमा में सबले अधिका गेटअप बदलले रहलें खलनायक प्राण आ अब भोजपुरी सिनेमा के प्राण कहाए वाला संजय पांडहू ओही तर्ज पर सबले अधिका गेटअप बदले वाला खलनायक बनल जात बाड़ें. हर गेटअप ऊ कहानी का माँग पर राखेलें. अपना आवे वाला फिलिम ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ में संजय पांडे फेरू एक बेर सभका के अपना गेटअप से चउकइहें. आदि शक्ति इण्टरटेनमेंट के एह प्रस्तुति के निर्माण सुपर गोल्ड आडियो एण्ड सिनेविजन प्रा. लि.करत बिया आ निर्देशक हउवें दिनेश यादव हे पहिले चर्चित निर्देशक राजकुमार पाण्डे के एसोसिएट रहलें आ दर्जन भर से बेसी सफल भोजपुरी फिलिम में योगदान दे चुकल बाड़न.
पत्रकारिता से फिल्म निर्देशन में आइल दिनेश यादव एह फिल्म से उत्तर प्रदेश आ बिहार के चर्चित गायक विजय वर्मा के सिनेमा का परदा पर उतारत बाड़ें. विजय वर्मा के नायिका बाड़ी रानी चटर्जी आ साथी कलाकारन में संजय पाण्डे, कलुवा, निशा, उमेश सिंह, अयाज खान, आनन्द मोहन, रत्नेश अउर नीरज राज पौडेल के नाम बा. गीत लिखल बा प्यारेलाल यादव आ श्याम देहाती के, संगीत बावे श्याम देहाती के, मार-धाड़ निर्देशन दिलीप यादव के आ नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी के बा.
(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)