संजय कुमार मिश्रा बतौर निर्माता ‘लड़ब मरते दम तक‘ से सिनेमा भोजपुरी में डेग धरत बाड़ें. एह फिलिम के प्रस्तुत करीहें सुनिला मिश्रा जे उनकर पत्नी हई. अपना पत्नी से मिलल सहयोग के कायल संजय कुमार मिश्रा से भइल बातचीत के कुछ बानगी दिहल जात बा एहिजा.
‘लड़ब मरते दम तक‘ कइसन फिलिम बा ?
गरीब मनईयन के कुछ रुपिया खातिर गुमराह करे वाला ओह दरिन्दन पर बनल बा ई फिलिम जे अपना लालच में गरीब मजबूर मनई के गुमराह करे का साथही ओहनी के जिनिगियो आफत में डाल देले. एहमें किडनी गिरोह के पर्दाफाश कइल गइल बा. एह फिलिम के नायक विराज भट्ट आ शुभम तिवारी एह गिरोह के सफाया कइसे करत बाड़ें ई देखावल गइल बा. बाकी भोजपुरी फिलिमन से ई फिलिम बहुते अलग बा.
कतना अलग बा ‘लड़ब मरते दम तक‘ ?
हमार ई फिलिम अतना साफ सुथर बा कि रउरा पूरा परिवार संगे एकरा के देख सकीलें. हम अपना फिलिमन में फुहड़पन परोसल ना चाहीं आ साफे सुथर फिलिम बनावल हमार मकसद बा.
रांची में ट्रांसपोर्ट के बिजनेस करत फिलिम बनावे के मन कइसे कर गइल ?
जी हँ! राँची में हमार मॉं ट्रवेल्स नाम से ट्रांसपोर्ट के बिजनेस बा. हम अपना माई के बहुते मानेनी आ हमरा ला ऊ भगवान ह. अपना माईए के नाम से हम ‘दुर्गा फिल्मस प्रोडक्शन‘ कंपनी खोलले बानी. रहल बात फिलिम इंडस्ट्री में अइला के त हम बचपने से फिलिमन में आवल चाहत रहीं. बहुते पहिले बाबूजी के बतवले बिना फिलिम में आवे के कोशिश कइले रहीं बाकिर तब बात बन ना पवले रहे.
‘लड़ब मरते दम तक‘ में त आप अभिनयो कइले बानी ?
हँ! डीसीपी के एगो छोटहन किरदार कइले बानी एह फिलिम में , बाकिर अपना अगिला फिलिम ‘लउकेला किला त हिलेला जिला‘ में मेन विलेन के भूमिका करत बानी. एकर निर्देशन सुरेन्द्र मिश्रा करीहें.
त फिलिम बनवला क संगही एक्टिंगो करत रहब ?
देखीं, बचपन से हमरा एक्टिंग से अधिका फिलिम बनावे के शौक रहल बा, अभिनय तो बस अइसही कर लिहनी बाकिर हमार मकसद फिलिम बनावल आ निर्देशने कइल रही.
त फेर एकर निर्देशन अपने काहे ना कइनी ?
देखीं, हम ओह में से ना हईं कि निर्देशन कराईं त दोसरा से बाकिर नाम आपन बता दीं. साल दू साल में खुदे निर्देशन करे लागब.
निर्माता बनला के अनुभव कइसन रहल ?
अनुभव त बहुते कड़ूआ रहल. एहिना नया निर्माता के लोग मुर्ख समूझेला. अलग बात बा कि सभे खराबे नइखे आ बढ़ियो लोग बा जेहसे कि इंडस्ट्री चलत बिया. आवे वाला निर्माता लोग के बतावल चाहब कि एहिजा पूरा समझदारी से काम करीं. केहू पर भरोसा कर के ना.
अउर नया का करत बानी ?
अबहींए जइसन बतवनी एगो फिलिम ‘लउकेला किला त हिलेला जिला‘ के मुर्हुत पिछला दिने कइनी ह. एगो फिलिम राकेश मिश्रा के लेके बनावे जात बानी. डॉ. सुनील के फिलिम ‘प्रेम दिवानी‘ से भोजपुरी सिनेमा में आइल राकेश मिश्रा बहुते प्रतिभावान कलाकार हउवें.
(समरजीत)
0 Comments