सिनेमा भोजपुरी के नया ऊँचाई देबे मे लागल बाड़न सुजीत तिवारी

सिनेमा भोजपुरी के नया ऊँचाई देबे में लागल सुजीत तिवारी आ उनुकर कंपनी सी.पी.आई मूवीज भोजुपरी फिलिमन के आर्थिक सहायता देत बिया. भोजुपरी फिलिमन के जन्मदाता रामायण तिवारी के पोता आ अभिनेता भूषण तिवारी के सुपुत्र सुजीत तिवारी बतौर निर्माता ‘यू.पी बिहार बंबई एक्सप्रेस’ जइसन फिलिम बनवले आ अब ऊ बतौर प्रस्तुतकर्ता बहुते फिलिमन के फाइनेंस करत बाड़ें. पिछला दिने उनुका से बात करे के मौका मिलल त जवन बातचीत भइल ओकरे कुछ बानगी एहिजा दिहल जात बा

सुजीत जी, निर्माता से प्रस्तुतकर्ता बने के सफर क बारे में कुछ बताईं?
ई सफर हमरा ला बहुते नीमन रहल बा. बतौर निर्माता हमार फिलिम ‘‘यू. पी. बिहार बंबई एक्सप्रेस’ ढेरे सफल रहल आ दर्शक ओकरा के बहुते पसंद कइलें. फेरू करीब तीनेक साल बाद आलोक जी के ‘देवरा पे मनवा डोले’ से हम बतौर प्रस्तुतकर्ता शुरूआत कइनी आ दसे महीना में हमरा प्रस्तुति में ‘देवरा पे मनवा डोले’ आ निरहुआ स्टारर ‘एक बिहारी सौ पे भारी’ दू गो फिलिम आ चुकल बा. कईगो फ्लोर पर बाड़ी स.

आलोक जी संगे काम कर के कइसन लागल ?
आलोक जी भोजपुरी के सबले बढ़िया निर्माता हईं. उहाँ संगे काम कर के बहुते खुशी मिलल, आलोक जी त बस सिनेमे ला बनल बानी. सिनेमे सोचीलें सिनेमे सूतीलें. आलोक जी आ हमरा कंपनी के साथ लमहर चली.

आप त असलमो शेख के ‘रखवाला’ प्रस्तुत करत बानी?
असलम शेख काबिल निर्देशक हईं. उनकर आ रितु शर्मा के बनावल ‘रखवाला’ से जुड़ के बहुते खुशी भइल. एह फिलिम से जोड़े में निरहुआ जी के हाथ रहल जे एह लोग से हमार भेंट करवनी.

अउरी कवन-कवन फिलिम प्रस्तुत करत बानी?
अबही ‘दूध का कर्ज’ आलोक जी के साथे बा. एहमें निरहुआ-खेसारी पहिला बेर एक संगे आवत बा लोग. दोसर फिलिम ‘प्रतिज्ञा-2’ में खेसारी, पवन सिंह आ अनिल सम्राट बाड़ें. हिन्दी फेस्टीवल फिल्म ‘चैंप डॉट क्राई’ प्रस्तुत करत बानी. निर्माता शर्मा जी के मुन्नाभाई, जगदीश शर्मा निर्देर्शित ‘‘कर्जा माटी के’’ आ रानी चटर्जी अभिनीत ‘गुलामी’ ओ प्रस्तुत करत बानी.

फिलिम बनावतो बानी?
ना. अबहीं अइसन कवनो प्लानिंग नइखे, जब होखी त बताएब.

नवही निर्मातन के का सलाह देब?
नयका निर्मातन के ईहे राय देब कि चकचोहा के फिलिम बनावे मत आवसु. बलुक कुछ देबे ला पूरा जुनून से लागसु आ बनावे से पहिले सिनेमा के बारिकि जानस समूझस.


(प्रशांत निशांत)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up