सिर्फ शो-पीस बनिके नइखी रहल चाहत राखी त्रिपाठी

by | Feb 14, 2012 | 0 comments

अमूमन भोजपुरी हीरोइनन के अहमियत शो-पीस से बेसी कुछ ना होखे. मजबूरिये में सही बाकिर अभिनेत्री लोग एह हालात के नियति मान लिहले बा. बाकिर राखी त्रिपाठी हालात से समझौता कइला का बजाय ओकरा के बदलल चाहत बाड़ी.

बकौल राखी अगर हीरोइनन के शो-पीस वाला हालात में बदलाव नइखे आवत त एकर खामियाज़ा भोजपुरीए सिनेमा के उठावे पड़ी. सिनेमा के मिजाज़ आ अंदाज़ तेज़ी से बदलत बा, अब दर्शक अभिनेत्रियन के खाली डाँड़ मटकावत भा फेंड के टहनी पकड़ले गावत नइखे देखल चाहत. बलुक फिल्म के कहानी आ ओकरा ट्विस्ट अउर टर्नो में उनुकर पूरी भागीदारी चाहत बा.

कॉलेजे का समय से बागी सुभाव के रहल राखी त्रिपाठी ग्लैमर के कामयाबी के पैमाना माने के तइयार नइखी. उनुकर कहना बा कि कहानी के माँग पर ग्लैमर झमकवला से उनुका कवनो परहेज बाकिर जबरिया सिचुएशन ठूंस-ठेल के देह उघारे के चलन उनुका मंजूर नइखे. इहे ना, राखी एह इंडस्ट्री के कई अउरियो रिवाजन से इत्तेफाक ना राखसु. बावजूद एकरा उनुकर कामयाबी के सफर बिना रुकले जारी बा.

हालही में राखी त्रिपाठी के मैथिली फिल्म “सजना के अंगना में सोलह श्रृंगार” आ भोजपुरी फिल्म “अचल रहे सुहाग” कामयाबी के परचम फहरवलसि. एह फिल्मन के उदाहरण पेश करत राखी के कहना बा कि एह फिल्मन में परम्परा आ मूल्यन के तवज्जो दिहल गइल रहे आ तबहियो दर्शक एह फिल्मन के आपन भरपूर प्यार दिहले. एहसे ओह फिल्मकारन के आँख ज़रूर खुली जे सेक्स आ फूहड़पने के अपना सफलता के कुंजी मानत लकीर के फ़कीर बनल बाड़े.

आवे वाला समय में राखी त्रिपाठी ‘चुन्नुबाबू सिंगापुरी’, ‘काली’, ‘कोठा’, ‘चालबाज़ चुलबुल पांडेय’ अउर ‘जीजाजी की जय हो’ जइसन फिलिमन में नजर आवे वाली बाड़ी.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के भेजल रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up