सुदीप पाण्डेय से भ्रष्टाचार निवारण ब्यूरो पूछताछ कइलसि

by | Oct 19, 2011 | 0 comments

हाल में प्रेस रिलीज जारी भइल रहुवे जवना में कहल गइल रहे कि भोजपुरी में निर्देशक डा॰राजकुमार चौधरी “अन्ना के आंधी” नाम के फिल्म बनावे जात बाड़े जवना के मुख्य अभिनेता रहीहें सुदीप पाण्डेय. एगारह अक्टूबर के रात में सुदीप पाण्डेय के एंटी करप्शन ब्यूरो उनुका घरे से क्राफोर्ड मार्केट में अपना क्राइम ब्रांच विभाग में ले जाके पूछताछ कइलसि आ अगिला दिने बारह बजे उनुका के छोड़ल गइल. अबही ई केहू नइखे बतावत कि सुदीप पाण्डेय के एसीबी काहे ले गइल रहे. का एह चलते कि ऊ बिहार के हउवें आ कि एह खातिर कि ऊ “अन्ना के आंधी” के नायक बने जात बाड़न ?

सुदीप पाण्डेय बेसी कुछ नइखन बतावत बाकिर कहलन कि पुलिस केहू से पूछताछ कर सकेले आ हर आदमी के चाहीं कि पुलिस से सहयोग करें, चाहे ऊ आम आदमी होखे भा कवनो सिनेमा स्टार, काहे कि ई सब कुछ आम आदमी के सुरक्षा खातिर कइल जाला. बाकिर इहो कहलन कि पुलिसिया पूछताछ उनका खातिर कवनो डरावना सपना जइसन रहुवे जवना के ऊ जिनिगी भर ना भुला पइहें.


(स्रोत : संजय शर्मा, खजाना विजन)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up